JDU के दु टूक- 2025 तक बिहार में सीएम के वेकेंसी नइखे…

Anurag Ranjan

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बारे में आजकल तरे तरे के खबर आ रहल बा। कबो राज्यसभा के मार्फत रक्षा मंत्री बने के तs कबो उपराष्ट्रपति बने के। एह चरचा के बल तब मिलल जब सनिचर के ऊ मुख्यमंत्री आवास खाली कs देले। एह तरे के तमाम चरचा के अतवार के जल संसाधन मंत्री संजय झा खारिज कs देले।

ऊ कहले

नीतीश कुमार के लेके कव तरे के बात आ रहल बा। कुछ लोग कहत बा कि दिल्ली जा रहल बाड़े, बाकिर हम साफ कs देहल चाहत बानी कि ऊ कहीं नइखे जात। नीतीश कुमार के 2025 तक खातिर जनता मैंडेट देले बिया। 2025 तक मुख्यमंत्री के कुरसी ला कवनो वेकेंसी नइखे।

दु दिन से खुदे राजनीतिक पारा चढ़ा के रखले बाड़े नीतीश कुमार

पिछिला दु दिन से नीतीश कुमार लगातार चरचा में बाड़े। सुक के जहां तेजस्वी के इफ्तार पार्टी में सामिल भइले। एसे बिहार से लेके दिल्ली तक चरचा गरम हो गइल। ओहिजा, सनिचर के ऊ पटना एयरपोर्ट पs गृहमंत्री अमित शाह के स्वागत कइले। एकरा बाद ऊ 1 अन्ने मार्ग खाली कs के 7 सर्कुलर रोड रहे चल गइले। तब चरचा फइलल कि शाह उनका ला कुछ सन्देस लेके आइल बाड़े।

हालांकि, मुख्यमंत्री हाउस के तरफ से बतावल गइल कि एक अन्ने मार्ग में रिपेयरिंग के काम हो रहल बा। एहिसे मुख्यमंत्री 7 सर्कुलर रोड में रहे आ गइल बाड़े।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।