भारत आ इंग्लैंड के बीचे वनडे सीरीज के पहिला मैच में जसप्रीत बुमराह कमाल के प्रदर्शन कइलें। ऊ 19 रन देके छव विकेट अपना नामे कइलें आ एक साथे कइयन गो रिकॉर्ड बना देले। बुमराह इंग्लैंड में कवनो वनडे मैच में सर्वश्रेष्ठ गेंदबाजी करे वाला भारतीय खिलाड़ी बन गइल बाड़े। ऊ एह मामला में आशीष नेहरा को पीछे छोड़ले बाड़े। ओइसे, जसप्रीत स्टुअर्ट बिन्नी के रिकॉर्ड ना तुर सकले, जे बांग्लादेश के खिलाफ चार रन देके छव विकेट लेले रहस। एकरा बावजूद ऊ कइयन गो रिकॉर्ड अपना नामे कइले बाड़े। इहां हमनी के उनकर सब रिकॉर्ड का बारे में बता रहल बानी, जवन ऊ एह मैच में हासिल कइलें बाड़े।
एह मैच में भारतीय तेज गेंदबाजन के सब 10 विकेट मिलल। वनडे क्रिकेट के इतिहास में ई पहिला मौका रहे, जब पहिले गेंदबाजी करत सब 10 विकेट भारतीय तेज गेंदबाज लेले बा लो। ओबीज, 1983 विश्व कप फाइनल के बाद ई पहिला मौका रहे, जब इंग्लैंड के धरती पs कवनो वनडे मैच में सब 10 विकेट भारत के तेज गेंदबाजन के नाम रहल।
भारत खातिर वनडे में तीसरा सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन
गेंदबाज | प्रदर्शन | विपक्षी टीम |
---|---|---|
स्टुअर्ट बिन्नी | 6/4 | बांग्लादेश |
अनिल कुंबले | 6/12 | वेस्टइंडीज |
जसप्रीत बुमराह | 6/19 | इंग्लैंड |
आशीष नेहरा | 6/23 | इंग्लैंड |
कुलदीप यादव | 6/25 | इंग्लैंड |
वनडे में छउआ बेर सब 10 विकेट भारतीय तेज गेंदबाजन के नाम
वनडे क्रिकेट के इतिहास में ई छउआ मौका रहे, जब सब 10 विकेट भारत के तेज गेंदबाज लिहल लो। एकरा पहिले 2014 में बांग्लादेश के खिलाफ मीरपुर के मैदान पs अइसन भइल रहे। ओहिजा, पहिला बेर 1983 में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ भारतीय तेज गेंदबाजों ई कारनामा कइलें रहे लो।
विपक्षी टीम | मैदान | साल |
---|---|---|
ऑस्ट्रेलिया | चेल्मसफोर्ड | 1983 |
वेस्टइंडीज | लॉर्ड्स | 1983 |
पाकिस्तान | टोरंटो | 1997 |
श्रीलंका | जोहानिसबर्ग | 2003 |
बांग्लादेश | मीरपुर | 2014 |
इंग्लैंड | द ओवल | 2022 |
वनडे में इंग्लैंड में चउथा सबसे बेहतरीन प्रदर्शन
वनडे में इंग्लैंड के धरती पs कवनो मैच में सबसे निमन गेंदबाजी करे के ममिला में जसप्रीत बुमराह चउथा नंबर पs बाड़े। एह ममिला में पाकिस्तान के वकार यूनिस पहिला नंबर पs बाड़े, ऊ 2001 में 36 रन देके सात विकेट लेले रहस। ओहिजा, विन्सटन डेविस 51 रन देके सात विकेट आ गैरी गिलमर 14 रन देके छव विकेट लेले रहस।
गेंदबाज | प्रदर्शन | विपक्षी टीम | मैदान | साल |
---|---|---|---|---|
वकार यूनिस (पाकिस्तान) | 36/7 | इंग्लैंड | लीड्स | 2001 |
विन्सटन डेविस (वेस्टइंडीज) | 51/7 | ऑस्ट्रेलिया | लीड्स | 1983 |
गेरी गिलमॉर (ऑस्ट्रेलिया) | 14/6 | इंग्लैंड | लीड्स | 1975 |
जसप्रीत बुमराह (भारत) | 19/6 | इंग्लैंड | द ओवल | 2022 |