जम्मू कश्मीर में एक साल से बेसी समय से रह रहल नागरिकन के मतदाता सूची में शामिल कइले के निर्णय वापस ले लिहल गइल बा। प्रशासन एकरे संबंध में जारी आदेश के देर रात वापस ले लिहल गइल। ई मामला तूल पकड़त रहे. हालांकि, एह खबर के पुष्टि जम्मू के जिला उपायुक्त चाहे कौनो अन्य अधिकारी के द्वारा नइखे कइल गइल। न्यूज एजेंसी एएनआई के मानल जाव त एक साल से बेसी समय ले रहे वाले लोग के मतदाता सूची में रखले के फैसला के उपायुक्त वापस ले लिहलें बा।
जम्मू के जिला उपायुक्त अवनी लवासा जारी कइले रहनें आदेश
बता देईं कि साल 2019 में अगस्त में भइल संवैधानिक बदलाव के बाद चुनाव आयोग 18 अगस्त के ई साफ कह दिहले रहनें कि जम्मू कश्मीर में बसल देश के कौनो भी नागरिक मतदाता बन सकेने। जम्मू के जिला उपायुक्त अवनी लवासा एगो आदेश जारी कs के कहले रहनें कि एक साल पहिले से रहे वाला देश के कौनो भी नागरिक बतौर मतदाता आपन पंजीकरण करा सकतने। साथही आदेश में लिखल रहे कि अगर नागरिक बेघर होखे चाहे ओकरे लग्गे निर्धारित दस्तावेज न होखें तब्बो उनकर नाम मतदाता सूची में दर्ज होई।
आदेश के बाद से विरोध शुरू
जम्मू के जिला उपायुक्त के एह आदेश के बाद से ही सियासी गलियारन से बयान आइल शुरू हो गइल. इस आदेश के विरोध में पीडीपी सबसे ज्यादा हमलावर बा. पीडीपी के अध्यक्ष अउर पूर्व मुख्यमंत्री महबूबा मुफ्ती आरोप लगवली कि बीजेपी जम्मू कश्मीर में आबादी के संतुलन के बदलल चाहतिया. सथही ऊ कहलें कि एह आदेश के जम्मू में बाहर के लोग के सैलाब आई। बीजेपी पर आरोप लगावत ऊ कहली कि डोगरा पहचान अउर संस्कृति न खाली चंद दिन के मेहमान बा बलुक रोजगार, कारोबार अउर हमनीके संसाधन पर भी डाका डारी।