खुशखबरी: जल्दिए मिली कोरोना कॉलर ट्यून से आजादी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2022

अगर रउओ कोरोना के कॉलर ट्यून से परेशान हो गइल बानी तो रउआ खातिर खुशखबरी बा, काहेंसेकि रउआ के जल्दिए एह कॉलर ट्यून से आजादी मीले वाला बा। कोरोना कॉलर ट्यून के बंद करे खातिर

Share

अगर रउओ कोरोना के कॉलर ट्यून से परेशान हो गइल बानी तो रउआ खातिर खुशखबरी बा, काहेंसेकि रउआ के जल्दिए एह कॉलर ट्यून से आजादी मीले वाला बा। कोरोना कॉलर ट्यून के बंद करे खातिर दूरसंचार विभाग (DoT) स्वास्थ्य मंत्रालय के पत्र लिखले बा। बता देई कि कोरोनो कॉलर ट्यून पिछले दू बरिस से चल रहल बा।
जब भी रउआ केहू के फोन करत बानी त पहिले कोरोना ट्यून सुने के पड़sला। एह कोरोना कॉलर ट्यून के लेके लोग कई बेर शिकायत कइल कि ई काफी परेशान करे वाला बा। कोरोना कॉलर ट्यून के महामारी के खिलाफ जागरूकता फइलावे खातिर शुरू कइल गइल रहल। बता देहल जाए कि शुरुआत में कोरोना के लेके जागरूकता फइलावे खातिर कॉलर ट्यून के इस्तेमाल भइल अउर अब वैक्सीनेशन के लेके कॉलर ट्यून के जरिए जागरूकता फइलाव्ल जा रहल बा।

 

इमरजेंसी कॉल में होत बा देरी
कई बार जरूरी चाहे इमरजेंसी कॉल के दौरान एह कॉलर ट्यून के चलते कॉल कनेक्ट होखले में देरी होत बा जेसे लोग के काफी परेशानी होत बा, हालांकि कोरोना कॉलर ट्यून शुरू होखले के संगही 1 दबा देने से कई बार ई ट्यून बंद हो जाला। अब दूरसंचार विभाग  स्वास्थ्य मंत्रालय के साथ-साथ सेल्युलर ऑपरेटर्स एसोसिएशन ऑफ इंडिया (COAI) से एह कॉलर ट्यून के हटवले के अनुरोध कइले बा। रिपोर्ट के मुताबिक विभाग के अनुरोध के बाद स्वास्थ्य मंत्रायल कॉलर ट्यून के हटवले पर विचार कर रहल बा।

DoT स्वास्थ्य मंत्रालय के लिखल अपने पत्र में कहले बा कि प्री-कॉलर कॉलर ट्यून के जारी रखल मतलब अइसन महत्वपूर्ण कॉलन के रोकल अउर देरी कइल बा जौन आपात स्थिति खातिर कइल जा रहल बा। एह वजह से दूरसंचार सेवा प्रदाता(टीएसपी) मोबाइल नेटवर्क कॉल कनेक्शन में काफी देरी करत बा। अब समय आ गइल बा कि एहमें बदलाव कइल जाएं अउर कॉलर ट्यून के हटा देहल जाए।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.