जयशंकर के बड़ खुलासा : “हम ओहि कमरा में रहनी, जब पीएम मोदी के फोन आइल रहे”, ट्रंप के सीजफायर दावा पs बतवलें सच्चाई

Share

नई दिल्ली : भारत-पाकिस्तान तनाव के दौरान अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप द्वारा कइल गइल सीजफायर के दावा पs अब भारत के विदेश मंत्री एस जयशंकर सख्त प्रतिक्रिया देले बाड़ें। जयशंकर साफ कहलें कि ट्रंप के दावा झूठा आ भ्रामक बा। उ बतवलें कि जब अमेरिकी उपराष्ट्रपति जेडी वेंस प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के फोन कइले रहे, तब उ ओहि कमरा में मवजूद रहस।

“फोन कॉल में ना भइल रहे कवनो सीजफायर भा बेयपार के बात” – जयशंकर

न्यूयॉर्क में न्यूजवीक के दिहल गइल इंटरव्यू में जयशंकर बतवलें कि मई में ऑपरेशन सिंदूर के बाद जब पीएम मोदी के अमेरिका के ओर से कॉल आइल, तब उ पूरा संवाद खुद सुनलें।

“हम ओह समय कमरा में रहनी जब पीएम मोदी के अमेरिकी उपराष्ट्रपति के फोन आइल रहे। एह बातचीत में ना तs बेयपार के जिकिर रहे आ ना सीजफायर के कवनो सुझाव दिहल गइल।”

“भारत पाकिस्तान के धमकियन के ठुकरवलस”

जयशंकर साफ कहलें कि भारत पाकिस्तान के आतंकवाद आ धमकियन के आगे झुके से इनकार कs देलें।

उ कहलें कि भारत आतंक के खिलाफ सख्त जवाबी कार्रवाई कइलस, जबकि पाकिस्तान खुद बातचीत आ सीजफायर के गुहार लगवलें।

“पाकिस्तान 9 मई के कइलस बड़ हमला, भारतीय सेना देलें मुंहतोड़ जवाब”

बिदेस मंत्री के मोताबिक, 9 मई के रात पाकिस्तान भारत पs बड़ हमला कइलें, जवना के बाद भारतीय सेना तुरंत जवाब देलस। अगिला दिन सबेरे अमेरिका के बिदेस मंत्री मार्को रुबियो जयशंकर से संपर्क कइलें आ बतवलें कि पाकिस्तान अब बातचीत कर के चाहत बा।

एही दिन पाकिस्तान के डीजीएमओ मेजर जनरल काशिफ अब्दुल्ला भारतीय समकक्ष लेफ्टिनेंट जनरल राजीव घई के फोन कs के सीजफायर के मांग कइलें।

“हम खुद देखनी कि का भइल रहे। ई भारत के ताकत आ स्पष्ट नीति के नतीजा रहे,” -जयशंकर ।

पहलगाम हमला: “कश्मीर के पर्यटन पs आर्थिक युद्ध”

जयशंकर जम्मू-कश्मीर के पहलगाम में भइल आतंकी हमला के “आर्थिक युद्ध” करार देलें। उ कहलें कि एकर मकसद कश्मीर के पर्यटन के नुकसान पहुंचावे आ धार्मिक तनाव भड़कावे के रहे।

ट्रंप के दावा का रहे?

डोनाल्ड ट्रंप पिछला हफ्ता द हेग में एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान कहले रहस कि उ भारत आ पाकिस्तान के सीजफायर करे खातिर मजबूर कइलें।अगर लड़त रहेम, तs कवनो ट्रेड ना होई,” ट्रंप कहले रहस।

उ इहो दावा कइलें कि उ बेयपारिक दबाव डालके दुनो देसन के बीच युद्ध के इस्थिति के रोकलें। हालांकि, जयशंकर के बयान एह पूरा दावा के झूठा आ राजनीति से प्रेरित बतवलें।

Read Also: Shamli News: ड्यूटी पूरा होखतही लोको पायलट खड़ा कs देलस मालगाड़ी, पूरा शहर भइल जाम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-