जैकलीन के मिलल बड़ राहत, 200 करोड़ के मनी लॉन्ड्रिंग केस में मिलल अंतरिम जमानत

Share

200 करोड़ के ठगी मामिला में जैकलीन फर्नाडीज के नाम बुरा तरह फंसल बा। एह मामिला में जैकलीन से लगातार पूछताछ हो रहल बा। एतने नाइ, एह मामला के तह तक गइले प जांच के आंच अभिनेत्री के स्टाइलिस्ट लीपाक्षी तक पहुंच गइल रहे। एह सब से पूछताछ के बाद प्रवर्तन निदेशालय भी दावा कर दिहलस कि जैकलीन के सुकेश चंद्रशेकर के साथ कनेक्शन बा, जेकरे बाद अभिनेत्री के पटियाला हाउस कोर्ट तलब कइलस। उहवें अब जैकलीन पटियाला हाउस कोर्ट पहुंच गइल बाडी|

जैकलीन फर्नांडिस
पटियाला हाउस कोर्ट में जैकलीन के वकील उनके खातिर जमानत याचिका दायर कइले बाने| उहवें, अतिरिक्त सत्र न्यायाधीश शैलेंद्र मलिक भी जैकलीन के जमानत याचिका पर ईडी से जवाब मांगले बाने। तब ले उनकर नियमित जमानत कोर्ट में लंबित बा। जैकलीन के वकील के अनुरोध पर कोर्ट जैकलीन के 50 हजार रुपया के मुचलका पर अंतरिम जमानत दे दीहलस।
https://twitter.com/ANI/status/1574258862810861569?s=20&t=08mW86UCyVWtLd_dqEm9Ig

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-