Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डायबिटीज के मरीज के खातिर बहुत फायदेमंद हs कटहल के आटा, शुगर के आसानी से करेला कंट्रोल

2,029

 

खराब डाइट आ लाइफस्टाइल के कारन लोगन में शुगर के बेमारी सबसे ढेर होत बा। भारत में डायबिटीज के मरीज तेजी से बढ़त बा। युवा के सबसे ढेर ई बीमारी अपने गिरफ्त में लेत बा। जेकर बड़हन कारन अनहेल्दी लाइफस्टाइल, तनाव आ खान-पान में गड़बड़ी हs।एs तरह जीए से शरीर में कई गो बीमारि पनप लागेला।अइसे में डायबिटीज से बचल आ डायबिटीज के कंट्रोल करेला तs खाना सबसे पहिले बदल देंईं। ब्लड शुगर के कंट्रोल करे के खातिर लोग तरह-तरह के उपाय करेला। साथे ही आपके डॉक्टर से सलाह लेवल जरूरी हs। घरेलू उपाय में सबसे पहिले आप अन्न के बदल देंईं।डायबिटीज में गेहूं के बजाय आप कटहल के आटा के रोटि खाईं। कई रिसर्च में ई पावल ग‌इल कि हरिहर कटहल के आटा से डायबिटीज के कंट्रोल क‌इल जा सकेला। एके टाइप-2 डायबिटीज के खतरा दूर हो सकेला । जानि का हs कटहल के आटा आ एके क‌इसे इस्तेमाल करब ?

डायबिटीज में कटहल के आटा काहें फायदेमंद?

कई रिपोर्ट्स में ई कहल ग‌इल कि अगर आप डेली हरा कटहल के आटा के रोटि खानी तs टाइप-2 डायबिटीज के मरीजन के काफी फायदा मिलेला। वैज्ञानिकन के मानीं तs कटहल के आटा डायबिटीज के मरीजन में प्लाज्मा शर्करा के लेवल के कम क‌इले में मदद करेला। जवन लोग कटहल के आटा के इस्तेमाल करेला उनकरी शरीर में ग्लाइकोसिलेटेड हीमोग्लोबिन (HbA1c) के मात्रा कम पा‌वल ग‌इल।

का कहेला रिसर्च

अमेरिकन डायबिटीज एसोसिएशन में छिपल एगो रिसर्च के अनुसार, करीब 40 लोगन पs ई रिसर्च कइल ग‌इल जेके दु ग्रुप में बांटल ग‌इल बा। एगो ग्रुप में शामिल लोगन के 12 सप्ताह ले हरिहर कटहल के आटा खियावल ग‌इर आ दूसरा ग्रुप के लोगन के नॉर्मल आटा खिलावल ग‌इल। नतीजा सामने आ‌इल कि जवन ग्रुप के लोगन कटहल के आटा के बनल रोटि खाइल उनकरा ग्लाइकोसिलेटेड हीमोग्लोबिन काफी कम रहे। जवन लोग कटहल के आटा इस्तेमाल करत रहे उनकर ब्लड शुगर तेजी से कम होला।

क‌इसे बनेला कटहल के आटा

भारत आ उनकर आसपास के कई गो देश में कटहल के भारी मात्रा में उत्पादन होला । आप कटहल के बीज के सुखा लेंईं। सूखले के बाद उनकर ऊपर के लेयर के हटा देंई आ कटहल के बीज के बारीक टुकड़ा में काट लेंईं। अब एs बीज के पीसकर आटा बना लेंईं।

कटहल के आटा के फायदा

कटहल के आटा से बनल रोटि ख‌इले से मधुमेह (Diabetes) ज‌इसन खतरनाक बीमारी के कंट्रोल क‌इल जा सकेला। कटहल के आटा ख‌इले से टाइप-2 डायबिटीज के खतरा के कम क‌इल जा सकेला।कटहल के आटा न खाली डायबिटीज बल्कि हाई ब्लड प्रेशर के समस्या के कंट्रोल करेला। कटहल के आटा ख‌इले से वजन घटले में मदद मिलेला ई रोटी मोटापा के कम करेला ।जवन लोग कटहल के आटा से बनल रोटि खाला उनकर हड्डी मजबूत बनल रहेला ।

 

 

 

850110cookie-checkडायबिटीज के मरीज के खातिर बहुत फायदेमंद हs कटहल के आटा, शुगर के आसानी से करेला कंट्रोल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.