स्पोर्ट्स डेस्क। फुटबॉल के दुनिया में ताकतवर टीम मानल जाये वाला इटली लगातार तीसरका बेर फीफा वर्ल्ड कप में क्वालीफाई करे से चूक गइल। मंगर के रात यूरोपियन प्लेऑफ मुकाबला मेंबोस्निया व हर्जेगोविना इटली के पेनाल्टी शूटआउट में हराके ओकर सपना तुड़ देलस।
मैच के सुरुआत इटली खातिर बढ़िया रहल। खिलाड़ी मोइसे कीन सुरुआती गोल कs के टीम के बढ़त दिलवलें। बाकिर हाफ टाइम से पहिले डिफेंडर एलेसांद्रो बास्तोनी के रेड कार्ड मिल गइल, जवना से इटली के 10 खिलाड़ियन के संगे खेले के पड़ल। एह हालत में बढ़त बचावल मुश्किल हो गइल।
दूसरका ओर बोस्निया एह मवका के पूरा फायदा उठवलस। स्थानापन्न खिलाड़ी हारिस तबकोविच 79वां मिनट में गोल कs के मैच 1-1 से बराबरी पs ले अइलें। मैच एक्स्ट्रा टाइम में गइल आ आखिर में पेनाल्टी शूटआउट में बोस्निया 4-1 से जीत हासिल कइलस।
इटली के तरफ सेपियो एस्पोसिटो और ब्रायन क्रिस्टांटे आपन पेनाल्टी मिस कs दिहल, जबकि एस्मीर बज्रक्तरेविच निर्णायक पेनाल्टी गोल में बदल देलन। एह हार के बाद खिलाड़ी लियोनार्डो स्पिनजोला कहलें कि टीम खातिर ई बहुते निराशाजनक पल बा।
चार बेर वर्ल्ड कप जीत चुकल इटली (1934, 1938, 1982, 2006) अब कम से कम 16 साल तक वर्ल्ड कप में खेलत नजर ना आई। पिछिला बेर स्वीडन आ नॉर्थ मैसेडोनिया से हार के टीम बाहर भइल रहे।
आउरियो टीम कइली सs क्वालीफाई
यूरोपियन प्लेऑफ में स्वीडन, तुर्की आ चेक गणराज्य वर्ल्ड कप में जगह बना लेलस।
मेसी के सानदार प्रदर्शन
एह बीच लियोनन मेसी अर्जेंटीना खातिर आपन संभावित आखिरी घरेलू मैच में कमाल के प्रदर्शन कइलें। अर्जेंटीना जांबिया के खिलाफ 5-0 से जीत हासिल कइलस, जवना में मेसी एक गोल कइलें आ एगो में असिस्ट देलें।








