IT Raid : उत्तर प्रदेश में बसपा के इकलौता विधायक उमाशंकर सिंह के आवास आ ठिकानन पs आईटी विभाग के छापा

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में बहुजन सामाज पार्टी (बसपा) के इकलौता विधायक उमाशंकर सिंह के आवास आ प्रतिष्ठानन पs बुध के दिन इनकम टैक्स विभाग के टीम छापेमारी कइलस। गंभीर बेमारी कैंसर से पीड़ित उमाशंकर सिंह बलिया जिला के रसड़ा विधानसभा सीट से लगातार तीसरा बेर विधायक बाड़ें।

लखनऊ में करीब तीन दर्जन से जादे आयकर अधिकारी आ भारी पुलिस फोर्स के संगे टीम गोमती नगर इस्थित विधायक के आवास पs पहुंचल। एह कार्रवाई में 50 से जादे अधिकारी सामिल बा लोग, जे दस्तावेज, फाइल आ रिकॉर्ड के गहन जांच में जुटल बाा। छापेमारी विधायक के आवास के संगे-संगे कार्यालयो पs कइल गइल।

आयकर विभाग लखनऊ के अलावा बलिया आ कुछ आउर ठिकानन पs एक संगे छापा मरलस। जानकारी के मोताबिक, बुध के सबेरे करीब सात बजे तीन गाड़ियन से आयकर टीम आवास पs पहुंचल आ जरूरी कागजातन के जांच सुरू कइलस। एह दौरान घर में बाहर-भीतर आइल-गइला पs रोक लगा दिहल गइल। टीम कुछ अहम दस्तावेज जब्त कइले बिया।

उमाशंकर सिंह 2022 के विधानसभा चुनाव में रसड़ा सीट से बसपा के टिकट पs जीत हासिल कइले रहस। फिलहाल ऊ लखनऊ में रह के इलाज करा रहल बाड़ें। पारिवारिक सूत्र बतावत बाड़ें कि उनकर तबीयत ठीक नइखे आ डॉक्टरन के निगरानी में इलाज चल रहल बा।

पिछिला साल विजिलेंस विभाग उमाशंकर सिंह के खिलाफ आय से अधिक संपत्ति के आरोप में जांच सुरू कइले रहे। हालांकि, आयकर विभाग के ताजा छापेमारी के संबंध ओह जांच से बा कि ना, एकर आधिकारिक पुष्टि अभी नइखे भइल।

बलिया में सख्त कार्रवाई

बलिया में आयकर विभाग के अधिकारी कइयन गो गाड़ियन से विधायक के आवास आ प्लांट पs पहुंचलें। स्थानीय पुलिस टीम के संगे रहे। आवास के चारो तरफ घेराबंदी कइल गइल आ केहूओ के अंदर जाये के इजाजत ना दिहल गइल। अधिकारी लोग फाइल, इलेक्ट्रॉनिक डिवाइस आ वित्तीय लेन-देन से जुड़ल रिकॉर्ड खंगाल रहल बा लोग। विभाग के ओर से फिलहाल कवनो आधिकारिक बयान जारी नइखे भइल।

Read Also: Shikhar Dhawan : दिल्ली कोर्ट के बड़ फैसला, धवन के पूर्व पत्नी वापस करिहें 5.7 करोड़ रुपिया

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-