Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ISRO सिंगापुर के 7 सैटेलाइट लॉन्च कइस; एमे 360 किलो वजन वाला DS-SAR, जवन हर मौसम में दिन-रात हाई रेजोल्यूशन तस्वीर ली 

513

भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (ISRO) के श्रीहरिकोटा अंतरिक्ष केंद्र से सिंगापुर के सात सैटेलाइटन के आज सबेरे 6.30 बजे लॉन्च कइल गइल। ई लॉन्चिंग 44.4 मीटर लमहर PSLV-C56 रॉकेट से कइल गइल बा।

PSLV के ई 58वां उड़ान हs। भेजल गइल सात सैटेलाइटन में सबसे अहम DS-SAR सैटेलाइट हs।

DS-SAR सैटेलाइट के का बा काम

DS-SAR सैटेलाइट के सिंगापुर के रक्षा विज्ञान आ प्रौद्योगिकी एजेंसी (DSTA) आउर सिंगापुर के ST इंजीनियरिंग के बीच साझेदारी के तहत डेवलप कइल गइल बा। सिंगापुर सरकार के अलग-अलग एजेंसियन के उपग्रह से प्राप्त होखे वाली तस्वीरन संबंधी जरूरतन के पूरा करे खातिर एह इस उपग्रह के उपयोग कइल जाई।

ST इंजीनियरिंग अपना कमर्शियल कस्टमर्स के मल्टी-मॉडल आ हाई क्वालिटी वाला तस्वीर आ जियो स्टेशनरी सर्विस मुहैया करावे खातिर एकर उपयोग करी। DS-SAR में ‘इजराइल एयरोस्पेस इंडस्ट्रीज’ (IAI) के डेवलप कइल गइल ‘सिंथेटिक अपर्चर रडार’ (SAR) पेलोड बा। एकरा मदद से DS-SAR हर मौसम में दिन-रात में एक मीटर-रेजॉल्यूशन के तस्वीरन के लेवे में सक्षम बा।

इहो छव सैटेलाइट भइल लॉन्च…

1. VELOX-AM: ई 23 किलोग्राम के टेक्नोलॉजी डिमॉन्स्ट्रेटर माइक्रोसैटेलाइट हs।

2. ARCADE: इहो एगो प्रायोगिक सैटेलाइट हs।

3. SCOOB-II: इहो एगो 3U नैनोसैटेलाइट है, ताकि एगो खास तरह के टेक्नोलॉजी डिमॉन्स्ट्रेशन के टेस्ट कइल जा सके।

4. NuLIoN: ई एगो अत्याधुनिक 3U नैनोसैटेलाइट हs।। एकरा माध्यम से बिना कवनो बाधा के शहरन आ सुदूर इलाकन में इंटरनेनट ऑफ थिंग्स के सुविधा प्रदान कइल जाई।

5. Galassia-2: इहो एगो 3U नैनोसैटेलाइट हs, जवना के धरती के निचली कक्षा में स्थापित कइल जाई।

6. ORB-12 STRIDER: ई इंटरनेशनल कोलैबोरेशन के तहत बनल सैटेलाइट हs। एसे सिंगापुर के एलियेना पीटीई लिमिटेड कंपनी बनवले बिया।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.