[the_ad_group id="30365"]

Krishnagiri Fire Accident: पटाखा फैक्ट्री विस्फोट में आठ लोगन के मौत, PM मोदी कइलें मुआवजा के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तमिलनाडु के कृष्णागिरी जिला के पटाखा फैक्ट्री में विस्फोट हो गइल बा। एमे आठ लोगन के मरे के बात सामने आइल बा। फिलहाल एह ममिला में कवनो नया अपडेट नइखे आइल।

आठ लोगन के मौत

पटाखा फैक्ट्री के भीषण विस्फोट में तीन महिलन सहित आठ लोगन के मौत हो गइल। जिला के पझायापेट्टई में पटाखा बनावे वाला गोदाम में अचानक भइल विस्फोट से कइयन लोग घायलो भइल बा।

पीएम के ओर से दिहल जाई मुआवजा

एह हादसा पs पीएम मोदी दुख जतावत ट्वीट शेयर कइले बाड़ें। संगही, एह हादसा के शिकार भइल लोगन खातिर मुआवजा के घोषणा कइल गइल बा। एमे मारल गइल लोगन के परिजनन के मुआवजा राशि के तौर पs दु लाख रुपिया दिहल जाई आ घायलन के 50 हजार रुपिया के मुआवजा दिहल जाई।

आसपास के इमारत आ दुकान क्षतिग्रस्त

पुलिस बतवलस कि विस्फोट के प्रभाव से इकाई के लगे के घर आ कुछ दुकान क्षतिग्रस्त हो गइल। प्रभावितन के बचावे खातिर पुलिस आ अग्निशमन आउर बचाव सेवा कर्मी मवका पs पहुंच गइल बा लो।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]