Israel Alert : ट्रंप के धमकी के बाद हाई अलर्ट पs इजरायल, नेतन्याहू अमेरिकी बिदेस मंत्री से कइलें बात

Israel on high alert after Trump warns Iran amid massive anti-government protests

Share

नई दिल्ली। ईरान के राजधानी तेहरान सहित कइयन गाे बड़ शहरन में सरकार के खिलाफ जबरदस्त विरोध प्रदर्शन देखे के मिल रहल बा। ई ईरानी मुद्रा रियाल में रिकॉर्ड गिरावट, आसमान छूअत महंगाई आ बेरोजगारी के लेके हो रहल बा। ईरान में हो रहल प्रदर्शन के लेके हाल के दिनन में अमेरिकी राष्ट्रपति ट्रंप हस्तक्षेप करे के धमकी देले बाड़ें।

ट्रंप ईरान के शासकन के प्रदर्शनकारियन के खिलाफ बल प्रयोग कइला के खिलाफ चेतावनी देले बाड़ें। ईरान में अमेरिकी हस्तक्षेप के संभावना के मद्देनजर इजराइलो अलर्ट पs बा।

ममिला के जानकारी रखे वाला इजरायली सूत्रन के अनुसार, ईरान में अमेरिकी हस्तक्षेप के संभावना के लेके इजरायल हाई अलर्ट पs बा, काहेकि उहां के अधिकारी कइयन बरिसन में सबसे बड़ सरकार विरोधी प्रदर्शनन के सामना कs रहल बा लोग।

गौर करे वाला बात बा कि ईरान में जारी विरोध प्रदर्शन के लेके ट्रंप उहां के शासकन के चेतावनी देले रहस कि जदि प्रदर्शनकारियन के खिलाफ बल प्रयोग कइल गइल तs अमेरिका प्रदर्शनकारियन के मदद खातिर तइयार बा। समाचार एजेंसी रॉयटर्स सूत्रन के हवाले से बतवलस कि इजरायल सूरक्षा के लेके अलर्ट बा। हालांकि, एकरा के लेके विस्तार से जानकारी नइखे दिहल गइल, बाकिर ई कहल गइल बा कि इस्थिति के गंभीरता से लिहल जा रहल बा।

नेतन्याहू कइलें अमेरिकी बिदेस मंत्री से बात

सनिचर के फोन पs भइल बातचीत में इजरायली प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू आ अमेरिकी बिदेस मंत्री मार्को रुबियो ईरान में अमेरिकी हस्तक्षेप के संभावना पs चरचा कइल लोग। ई जानकारी बातचीत के दौरान मवजूद एगो इजरायली सूत्र देलें। एगो अमेरिकी अधिकारी दुनो नेता के बातचीत के पुष्टि कइलें, बाकिर ऊ ई ना बतवलें कि कवना विषयन पs चरचा भइल।

Read Also: Prashant Tamang Death : इंडियन आइडल सीजन 3 के विनर प्रशांत तमांग के निधन, ममता बनर्जी देली श्रद्धांजलि

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-