Prashant Tamang Death : इंडियन आइडल सीजन 3 के विनर प्रशांत तमांग के निधन, ममता बनर्जी देली श्रद्धांजलि

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 11, 2026

एंटरटेनमेंट डेस्क। सिंगर आ एक्टर प्रशांत तमांग के 43 साल के उमिर में निधन हो गइल बा। उनकर मौत के पुष्टि फिल्ममेकर राजेश घाटानी कइले बाड़ें। एह दुखद खबर से संगीत आ सनीमा इंडस्ट्री में

Share

Indian Idol season 3 winner and singer Prashant Tamang passes away at 43

एंटरटेनमेंट डेस्क। सिंगर आ एक्टर प्रशांत तमांग के 43 साल के उमिर में निधन हो गइल बा। उनकर मौत के पुष्टि फिल्ममेकर राजेश घाटानी कइले बाड़ें। एह दुखद खबर से संगीत आ सनीमा इंडस्ट्री में शोक के लहर दउड़ गइल बा। दार्जिलिंग के सिंगर महेश सेवा सोशल मीडिया पोस्ट के माध्यम से प्रशांत तमांग के श्रद्धांजलि अर्पित कइलें बाडें।

प्रशांत तमांग के कइसे भइल निधन?

सिंगर महेश सेवा के मोताबिक प्रशांत तमांग के कार्डियक अरेस्ट पड़ल रहे, जवन उनका निधन के कारण बनल। ऊ ओह समय दिल्ली में रहत रहलें। महेश सेवा अतवार के इंस्टाग्राम पs पोस्ट करत लिखलें,
“प्यारा भाई प्रशांत के निधन पs श्रद्धांजलि अर्पण करत बानी।” एह पोस्ट के बाद फैंस आ कलाकारन के तरफ से लगातार श्रद्धांजलि दिहल जा रहल बा।

मुख्यमंत्री ममता बनर्जी जतवली दुख

प्रशांत तमांग के निधन पs पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी गहिराह दुख जतवली। ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (ट्विटर) पs लिखली,
“‘इंडियन आइडल’ फेम आ मशहूर सिंगर प्रशांत तमांग के अचानक आ असमय निधन से बहुत दुख भइल। उनकर जुड़ाव हमार दार्जिलिंग से भी रहल। हम उनकर परिवार, दोस्त आ अनगिनत फैंस के प्रति आपन संवेदना व्यक्त करत बानी।”

पुलिस से सिंगर बने के प्रेरणादायक सफर

प्रशांत तमांग इंडियन आइडल सीजन-3 के विजेता रहलें। संगीत के दुनिया में नाम कमइला से पहिले ऊ कोलकाता पुलिस में नौकरी करत रहलें। ऊ पुलिस ऑर्केस्ट्रा के हिस्सा रहलें आ समय-समय पs पुलिस कार्यक्रमन में गाना गावत रहलें। उनकर सीनियर अधिकारी उनका के इंडियन आइडल में भाग लेवे के सलाह देलें।

इंडियन आइडल जीतला के बाद प्रशांत तमांग सोनी बीएमजी के संगे आपन पहिला एल्बम लॉन्च कइलें, जवना में हिंदी आ नेपाली गाना सामिल रहलें। आगे चलके ऊ कइयन गाे नेपाली फिलिमन में गायक आ अभिनेता के रूप में काम कइलें।

‘पाताल लोक 2’ में निभवले रहस दमदार किरदार

प्रशांत तमांग खाली सिंगिंग तक सीमित ना रहलें। ऊ जयदीप अहलावत स्टारर वेब सीरीज ‘पाताल लोक 2’ में नजर आइल रहलें। एह सीरीज में ऊ विलेन डेनियल लेचो के किरदार में दिखल रहलें, जवन दर्शकन के काफी प्रभावित कइलस।

प्रशांत तमांग के अचानक निधन से उनकर फैंस, दोस्त आ संगीत प्रेमी लोगन के दिल गहिराह दुख से भर गइल बा।

Read Also: Chhapra Crime News : दाउदपुर में बीएसएनएल टावर पs चोरी के कोसिस नाकाम, 400 मीटर केबल कटलें सs, एगो बाइक बरामद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.