Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Israel Hamas War: लेबनान में मिसाइल के हमला में पत्रकार के मउत, छह लोग घायल, इस्राइल पs लगल आरोप

लेबनान के प्रधानमंत्री नजीब मिकाती इजरायली हमला में पत्रकार के जान चल गइल। हालांकि इजरायली सुरक्षा बल आईडीएफ एह बारे में कवनो बयान नइखे दिहले।

557

 

न्यूज एजेंसी रायटर के एगो वीडियो पत्रकार के शुक्रवार के दक्षिणी लेबनान में मिसाइल हमला में मउत के खबर मिलल बा। एह हमला में छह गो अउरी पत्रकारो घवाहिल हो गइलें। बतावल जा रहल बा कि इजरायल से चलावल मिसाइल के चलते ई हादसा भइल बा। मारल गइल पत्रकार के पहचान इसाम अब्दल्लाह के रूप में भइल बा। घाही लोग में अल जजीरा आ न्यूज एजेंसी एएफपी के पत्रकार शामिल बाड़े। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

इस्राइल-हिजबुल्लाह के लड़ाई में पत्रकार के जान चल गइल

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, पत्रकार लेबनान के अलमा अल शाब से रिपोर्टिंग करत रहले। ई इलाका इजरायली सीमा के नजदीक बा आ इहे ह जहाँ इजरायली सेना आ लेबनान के आतंकी संगठन हिजबुल्ला के बीच लड़ाई चल रहल बा। लेबनान के प्रधानमंत्री नजीब मिकाती इजरायली हमला में पत्रकार के जान ले लिहले बाड़न। हालांकि इजरायली सुरक्षा बल आईडीएफ एह बारे में कवनो बयान नइखे दिहले। संयुक्त राष्ट्र में इजरायल के प्रतिनिधि गिलाद एर्डन कहले कि बेशक हमनी के केहु पs हमला चाहे मारल नईखी चाहत, लेकिन अयीसन घटना युद्ध के दौरान होखेला। उ कहले कि इजरायल ए घटना के जांच करी।

हमला के वीडियो सामने आ गईल बा

रायटर एगो बयान जारी क कहलस कि मिसाइल हमला के समय इसाम अब्दल्लाह ब्रॉडकास्टर्स के लाइव वीडियो सिग्नल मुहैया करत रहले। एकरा संगे ओ लोग के नजदीक जोरदार धमाका भईल, जवना के चलते चीख पुकार मच गईल। समाचार एजेंसी पत्रकार के निधन पs दुख जतावत पीड़ित परिवार के प्रति संवेदना जतवलस। एह हमला में रायटर के दू गो अउरी पत्रकार थाएर अल सूडानी आ माहेर नाजेह भी घवाहिल हो गइलें। हालांकि दुनों के प्राथमिक चिकित्सा के बाद अस्पताल से छुट्टी दे दिहल गईल बा। माहेर नाजेह कहले कि इजरायल के मिसाइल हमला में अब्दुल्ला के मउत हो गईल। एगो अवुरी मिसाइल पत्रकारन के गाड़ी के निशाना बनावत कार में आग लाग गईल। समाचार एजेंसी एपी आ अल जजीरा इजरायल पs एह हमला के आरोप लगवले बाड़ी सँ बाकिर रायटर के कहना बा कि अबहीं ई साफ नइखे कि ई हमला कवना दिशा से भइल।

साभार- अमर उजाला

 

 

 

662510cookie-checkIsrael Hamas War: लेबनान में मिसाइल के हमला में पत्रकार के मउत, छह लोग घायल, इस्राइल पs लगल आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.