[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गोरखपुर में दु ट्रकन पs लदल गोवंशीय बरामद, ट्रक छोड़ तस्कर फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के बड़हलगंज में दुगो ट्रक पs लदल गोवंशीय पशु पकड़ाइल बा। गौ तस्कर वाहन छोड़ के भाग निकलल लो। पुलिस ओकनी के तलाश में जुटल बिया।

बताया जा रहल बा कि बियफे के भोर में आजमगढ़ के तरफ से पशुअन से लदल दु ट्रक बड़हलगंज के रास्ते बिहार जात रहे। पुलिस के एकर सूचना मिलल तs ऊ सतर्क हो गइले। पुलिस जब पीछा कइलस तs पटना चौराहा से आगे बुढ़नपुरा गांव के सोझा सड़क पs वाहन छोड़ के तस्कर भाग निकलले सs। पुलिस ममिला के जांच में जुटल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]