इजरायल शुरू कइलस जवाबी हमला, हिजबुल्लाह आ हमास दुनु के नया चीफ ढेर, बेरूत में 10 एयरस्ट्राइक

लेबनान में इजराइल के हमला: फोटो

Share

 

ईरान के 180 मिसाइल हमला के जवाब में इजरायल हिजबुल्लाह अवुरी हमास पs हमला शुरू कs देले बा। बेरूत हवाई अड्डा के लगे इजरायल देर रात हमला कइलस. बेरूत के आसमान एक के बाद एक 10 गो हवाई हमला से गूंजत रहे। एकरा संगे इजरायली सेना के जमीनी अभियान भी चलता। इजरायल हमास प्रमुख जही यासर अब्द अल-रजेक औफी के मार गिराए के दावा भी कईले बा। एकरा संगे समाचार एजेंसी रॉयटर्स एगो रिपोर्टर के हवाला से कहलस कि इजरायली हमला में हिजबुल्लाह के वरिष्ठ अधिकारी हाशेम सफीदीन के भी निशाना बनावल गईल। एही बीच हिजबुल्लाह इजरायली सेना के 17 गो अफसर आ जवानन के मारले के दावा भी कइले बा।

इजरायली सेना बियफे के दिने कहलस कि ऊ पश्चिमी तट के तुलकरम पs हमला में हमास नेटवर्क के प्रमुख के हत्या कs दिहले बिया. सेना एगो बयान में हमास के आतंकी के पहचान जही यासर अब्द अल-रजेक औफी के रूप में कईले बिया। एकरा साथे एक्सियोस के रिपोर्टर बराक रविद सुक के दिने सोशल मीडिया प्लेटफार्म एक्स पs एगो पोस्ट में इजरायली सूत्र के हवाला देत कहले बाड़न कि बेरूत पs इजरायली हमला में हिजबुल्लाह के वरिष्ठ अधिकारी हाशेम सफीदीन के निशाना बनावल गइल बा. सफीदीन ऊ आदमी हउवें जिनका के हिजबुल्लाह नेता हसन नसरल्लाह के उत्तराधिकारी मानल जाला. एs मामला में कवनो पार्टी के ओर से कवनो आधिकारिक बयान नईखे आईल।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-