T20I Rankings : पाकिस्तान के खिलाफ धांसू पारी के बाद ईशान किशन के रैकिंग में चमकल सितारा, डक के बादो अभिषेक शर्मा नंबर 1

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आईसीसी टी20 वर्ल्ड कप 2026 में भारतीय टीम के सलामी बल्लेबाज अभिषेक शर्मा के प्रदर्शन अब तक निराश करे वाला रहल बा। लगातार दू मैच में खाता खोलले बिना आउट होखला के बादो ऊ आईसीसी के ताजा टी20 बल्लेबाज रैंकिंग में अभियो टॉप पोजिशन पs कायम बाड़ें। हालांकि, उनका रेटिंग प्वाइंट्स में गिरावट दर्ज कइल गइल बा, जवन आगे चलके टीम इंडिया खातिर चिंता के बात बन सकेला।

भारतीय फैंस के उम्मीद रहे कि अभिषेक टी20 वर्ल्ड कप 2026 में चौका-छक्का के बरसात करिहें, बाकिर अब तक यूएसए आ पाकिस्तान के खिलाफ ऊ बुरा तरे फेल रहल बाड़ें। यूएसए के खिलाफ पहिला गेना पs आउट भइलें तs पाकिस्तान के सामने चार गेना खेलला के बाद डक पs पवेलियन लवट गइलें। जदि अइसने खराब फॉर्म जारी रहल, तs उनकर टॉप रैंकिंगो खतरा में पड़ सकेला।

अभिषेक अभियाे नंबर-1

आईसीसी के जारी ताजा टी20 रैंकिंग में अभिषेक शर्मा 891 रेटिंग प्वाइंट्स के संगे पहिला स्थान पs बाड़ें। दूसरका नंबर पs इंग्लैंड के बल्लेबाज फिल सॉल्ट बाड़ें, जिनकर 808 प्वाइंट्स बा। हालांकि, अभिषेक के प्वाइंट्स घटल बा, जवन साफ इशारा बा कि अब बड़ पारी खेले के दबाव उनकरा ऊपर बढ़ गइल बा।

ईशान किशन के बड़ा फायदा

पाकिस्तान के खिलाफ धमाकेदार 77 रन (40 गेना) के पारी खेल के ईशान किशन ताजा रैंकिंग में जबरदस्त छलांग लगवले बाड़ें। ऊ 17 पायदान ऊपर चढ़ के आठवां स्थान पs पहुंच गइले बाड़ें। फिलहाल उनकर 732 रेटिंग प्वाइंट्स बा।

तिलक वर्मा आ निसंका के फायदा

भारतीय बल्लेबाज तिलक वर्मा एक स्थान के फायदा के संगे अब 751 अंकन के संगे चउथा नंबर पs आ गइल बाड़ें। ओने, श्रीलंका के स्टार बल्लेबाज पथुम निसंका ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ शतक जड़ के तीन पायदान ऊपर चढ़त तीसरा स्थान हासिल कइले बाड़ें।

Read Also: Rangbhari Ekadashi 2026 : तुलसी से जुड़ल ई उपाय से खुली किस्मत के ताला, जिनगी में भर जाई खुसहाली के रंग

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-