Indian Army : एआई से मजबूत होई युद्धक तइयारी, हथियार बनी स्मार्ट, सटीकता बढ़ी

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 18, 2026

नई दिल्ली। इंडियन आर्मी अब जंग के तरीका बदलला के राह पs तेजी से आगे बढ़ रहल बा। अब लड़ाई खाली बंदूक आ टैंक से ना, बलुक डेटा आ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के दम पs

Share

नई दिल्ली। इंडियन आर्मी अब जंग के तरीका बदलला के राह पs तेजी से आगे बढ़ रहल बा। अब लड़ाई खाली बंदूक आ टैंक से ना, बलुक डेटा आ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के दम पs जीतल जाई। राजधानी दिल्ली के भारत मंडपम में आयोजित एआई इम्पैक्ट समिट 2026 में सेना साफ कह देलस कि भविष्य के युद्ध में टेक्नोलॉजी सबसे बड़ हथियार होई।

“स्मार्टाइजिंग द किल चेन” विषय पs भइल सेमिनार में सेना के आला अफसर, इंडस्ट्री एक्सपर्ट आ शिक्षण संस्थानन के जानकार लोग सामिल भइल लोग। इहां चरचा भइल कि एआई के मदद से हथियार, सैन्य वाहन, ड्रोन आ बाकी प्लेटफॉर्म के कइसे स्मार्ट बनावल जा सकेला। एआई सिस्टम अब पहिले से बता दी कि कवन मशीन कब खराब हो सकेला, कवन पार्ट बदलला के जरूरत बा आ संसाधन कहां पहिले भेजल जरूरी बा। मतलब अब मरम्मत बाद में ना, पहिले से तइयारी होई।

सेमिनार में बतावल गइल कि सेंसर से मिल रहल भारी मात्रा में डेटा के एआई के माध्यम से काम के जानकारी में बदलल जा सकेला। एकरा से ऑपरेशनल सटीकता बढ़ी आ खतरा पहिले से पहचान में आ जाई। पुरान हथियार सिस्टम के स्मार्ट आ डेटा-सक्षम बनावल जा रहल बा, ताकि कम खरच में उनकर ताकत कइयन गुना बढ़ावल जा सके।

भविष्य के जंग में ड्रोन, काउंटर-ड्रोन सिस्टम, रोबोटिक प्लेटफॉर्म आ मानव रहित हवाई सिस्टम के भूमिका बहुत बढ़ जाई। एआई के एकीकरण से लॉजिस्टिक्स सिस्टमो मजबूत होई। कवन स्पेयर पार्ट कब खतम होई, कवन यूनिट के केतना जरूरत बा, कवन सिस्टम के कब सर्विस चाहीं- सब अनुमान पहिले से लाग जाई। एकरा से डाउनटाइम कम होई आ ऑपरेशन लगातार चलत रही।

सबसे खास बात ई बा कि इंजीनियरिंग सपोर्ट सीधा कमांड फैसलन से जुड़ जाई। कमांडर के रियल टाइम में पता रही कि कवन यूनिट पूरा तइयार बा आ कवन सिस्टम मेंटेनेंस में। एह से फैसला आउर तेज आ सटीक होई।

कुल मिलाके इंडियन आर्मी अब खाली हथियार ना, बलुक “स्मार्ट वॉरफेयर सिस्टम” बना रहल बा। स्वदेशी नवाचार, इंडस्ट्री आ अकादमिक साझेदारी आ एआई आधारित समाधान से सेना भविष्य के जंग खातिर खुद के पूरा तरे तइयार कs रहल बा। अब लड़ाई मैदान के संगे-संगे डेटा आ एल्गोरिद्म के स्तर पs लड़ल जाई।

Read Also: T20I Rankings : पाकिस्तान के खिलाफ धांसू पारी के बाद ईशान किशन के रैकिंग में चमकल सितारा, डक के बादो अभिषेक शर्मा नंबर 1

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.