Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Hand Brake: कार के पार्क करत घरी हैंडब्रेक खींचला से गाड़ी हो जाला खराब? जानीं एह दावा के सच्चाई

116
Google Ads 300*250 for posts

हैंडब्रेक के पार्किंग ब्रेक भा इमरजेंसी ब्रेक के नाम से जानल जाला। एकर इस्तेमाल कार के खड़ा करत घरी इस्थिर रखे खातिर कइल जाला आ एकरा के लुढ़कला से रोकेला,  खास कs के ढलानन पs। हालांकि, लोगन के बीच ई  बार व्यापक रूप से फइलल बा कि हैंडब्रेक लगावे से कार के ब्रेकिंग सिस्टम के नुकसान पहुंच सकत बा।

ओइसे, एकर कवनो मतलब नइखे। काहेकि हैंडब्रेक एगो महत्वपूर्ण सुरक्षा विशेषता हs आ एकरा के पार्किंग ब्रेक के संगे-संगे इमरजेंसी ब्रेक के रूप में इस्तेमाल करे खातिर डिजाइन कइल गइल बा। गाड़ी के खड़ा करत घरी लुढ़कला से रोके खातिर एकर इस्तेमाल कइल सुरक्षित बा। हालांकि, अगर एकर सही रखरखाव ना कइल गइल तs लमहर समय तक इस्तेमाल कइला से घिसाव आ टूट-फूट हो सकत बा।  जइसे कि कार के कवनो उरियो हिस्सा के संगे होला। कि

केतना तरह के होला पार्किंग ब्रेक

आमतौर पs, दु तरे के पार्किंग ब्रेक (हैंडब्रेक) होला। पहिला, मैनुअल (लिवर के संगे) आ दूसरका, इलेक्ट्रॉनिक पार्किंग ब्रेक। मैनुअल हैंडब्रेक के दिहल गइल लीवर के खींचके संचालित कइल जाला आ इलेक्ट्रॉनिक पार्किंग ब्रेक के ओकरा खातिर एगो डेडिकेटेड बटन दबाके एक्टिव कइल जा सकत बा। दुनो तरे के हैंडब्रेक एके काम करेला। जवन खड़ा कार के लुढ़कला से रोकेला।

हैंडब्रेक सिस्टम

हैंडब्रेक सिस्टम में एगो लीवर भा बटन, एगो केबल भा इलेक्ट्रॉनिक एक्ट्यूएटर (हैंडब्रेक के टाइप के आधार पs) आ ब्रेक शू भा पैड होला। एकरा सुचारू आ प्रभावी संचालन के सुनिश्चित करे खातिर, नियमित चेकिंग आ रखरखाव के सिफारिश कइल जाला। तs कुल मिलाके, रउआ अपना खड़ा कार पs हैंडब्रेक के इस्तेमाल कs सकते बानी आ करे के चाहीं।

हैंडब्रेक के इस्तेमाल कइसे करीं?

  • कार के पूरा तरे से रोक दीं।
  • न्यूट्रल में शिफ्ट कs लीं आ लीवर के नोक पs दिहल गइल बटन के दबाके हैंडब्रेक लीवर के खींची।
889720cookie-checkHand Brake: कार के पार्क करत घरी हैंडब्रेक खींचला से गाड़ी हो जाला खराब? जानीं एह दावा के सच्चाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.