कूलर आ छत पंखा दुनु चला के सुतले से शरीर पs का असर पड़ेला, कवनो दिक्कत होला का?

Share

बढ़त गर्मी के चलते लोग के घर में भी कूलर अवुरी पंखा के इस्तेमाल बढ़ रहल बा। जबकि कुछ लोग दिन भर पंखा चलावेले तs कुछ लोग दिन भर कूलर के इस्तेमाल करेले।बाकिर कुछ लोग गर्मी से छुटकारा पावे के चक्कर में कूलर अवुरी छत के पंखा दुनो के एक संगे चालू क देवेले। अगर आप भी रात में कूलर अवुरी सीलिंग पंखा दुनो चालू क के सुतत बानी, त आपके अपना एs आदत के सुधारे के चाही। जानी काहे…

एयर फ्लो खराब हो सकेला

सबसे पहिले तs इs समझल जाव कि कूलर कईसे काम करेला? कूलर बाहर से हवा खींच के कमरा के ठंडा करेला अवुरी ओकरा बाद एs हवा के ठंडा क के पूरा कमरा में फैलावेला। एकरा संगे छत के पंखा भीतर खींच लेला अवुरी कमरा में पहिले से पसरल हवा के फैलावेला। जब आप एs दुनो चीज़ के एक संगे चलावेनी तs आपके कमरा में हवा के पूरा बहाव बाधित हो सकता।

कमरा ठंडा राखे खातिर का कइल जाव?

कूलर अवुरी पंखा कईसे काम करेला एकरा बारे में जानला के बाद अब हमनी के बताईब कि आप अपना कमरा के कईसे ठंडा राख सकतानी। सबसे पहिले कूलर के कुछ समय तक चला सकेनी, जवना से आपके कमरा ठंडा हो जाई। एकरा बाद आप कूलर बंद क के पंखा चालू कs सकतानी, जवना से कमरा में मौजूद ठंडा हवा पूरा कमरा में फैल जाई।

ध्यान देवे वाला बात

जब लोग एक संगे कूलर अवुरी पंखा दुनो के इस्तेमाल करेले तs कूलर से निकले वाली हवा पंखा से टकरा जाला अवुरी हवा के काट देवेला, जवना के चलते कमरा ठीक से ठंडा ना हो पावेला। एकरा अलावे दुनो इलेक्ट्रॉनिक सामान के एक संगे चलावे के चलते आपके बिजली के बिल भी जादा होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-