lifestyle: घर में एह चीजन से बनाई नेचुरल ब्लीच, लगवते ही त्वचा पs आई निखार

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2025

घर में राखल बहुत चीज़ में प्राकृतिक ब्लीचिंग एजेंट पावल जाला। जवना के चलते त्वचा बेदाग अवुरी चमकदार देखाई देवेले। एकरा खातिर रउआ आलू के रस के इस्तेमाल कs सकेनी। आलू के रस में प्राकृतिक

Share

नेचुरल ब्लीच

घर में राखल बहुत चीज़ में प्राकृतिक ब्लीचिंग एजेंट पावल जाला। जवना के चलते त्वचा बेदाग अवुरी चमकदार देखाई देवेले। एकरा खातिर रउआ आलू के रस के इस्तेमाल कs सकेनी। आलू के रस में प्राकृतिक ब्लीचिंग एजेंट होखेला जवन कि त्वचा के छिद्र के साफ करे अवुरी त्वचा के निखार देवे में मदद करेला।

टमाटर के इस्तेमाल से आप घर में प्राकृतिक ब्लीच बना सकतानी। टमाटर के गूदा निकाल के ओकरा में कुछ गुलाब जल अवुरी नींबू के रस मिला लीं। एकरा के चेहरा पs लगाई अवुरी कुछ समय तक सूखला के बाद पानी से धो लीं।

पपीता त्वचा खातिर ब्लीच के काम भी करेला। एकरा खातिर पाकल पपीता लेके ओकरा के मैश कs के पेस्ट बना लीं। एकरा में 1 चम्मच नींबू के रस मिला के चेहरा पs लगाई। करीब 10 मिनट के बाद साफ पानी से चेहरा धो लीं।

image-3259

अगर रउरा चाहत बानी तs कुछ नींबू के रस, खीरा के रस, टमाटर अवुरी आलू के रस भी मिला के अपना चेहरा पs लगा सकतानी। बस एह रस में कुछ चावल के आटा मिलावे के जरूरत बा। इs पेस्ट चेहरा पs लगाई। एहसे प्राकृतिक ब्लीच निहन चमक मिली।

दही त्वचा खातिर प्राकृतिक ब्लीच के काम करेला। एकरा खातिर 2 चम्मच दही में एक चुटकी हल्दी मिला के चेहरा पस मालिश करीं। पेस्ट के कुछ समय तक छोड़ के ओकरा बाद सामान्य पानी से धो लीं। राउर त्वचा चमकदार अवुरी बेदाग देखाई दिही।

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.