ईरान। ईरान के सरकारी मीडिया सोमार के पुष्टि कइलस कि इस्लामिक रिवोल्यूशनरी गार्ड कॉर्प्स (आईआरजीसी) के खुफिया संगठन के प्रमुख माजिद खादेमी के मौत हो गइल बा।
रिपोर्ट के मोताबिक, सोमार के तड़के भोर में भइल हमला में माजिद खादेमी के मार दिहल गइल। एह घटना के बाद आईआरजीसी आधिकारिक रूप से उनकर मौत के पुष्टि कइले बा।
आईआरजीसी एह हमला के “आपराधिक आतंकी कार्रवाई” बतावत कहलस कि ई हमला बहुत गंभीर बा आ एह में उनकर जान गइल। बतावल जा रहल बा कि ई हमला इजरायल आ अमेरिका से जुड़ल कार्रवाई के दौरान भइल, हालांकि पूरा इस्थिति अभी साफ नइखे भइल।
एह घटना के बाद क्षेत्र में तनाव आउर बढ़ गइल बा आ हालात अभियो गंभीर बनल बा।
Read Also: UPPSC RO-ARO Final Result : यूपीपीएससी आरओ-एआरओ मेंस के रिजल्ट जारी, 419 अभ्यर्थी सफल
Post Views: 69








