IND-PAK Cricket Clash : ‘भारत से पंगा लेलs तs छोड़ल ना जाई…’ इरफान पठान के पाकिस्तानी खिलाड़ियन खातिर खुला सनेस

Share

नई दिल्ली। भारत आ पाकिस्तान के बीच मैदान पs भिड़ंत नया बात नइखे। हाले में अभिषेक शर्मा आ हारिस रऊफ के झड़प सुर्खियन में रहल। एकरा पहिले गौतम गंभीर-शाहिद अफरीदी आ हरभजन सिंह-शोएब अख्तर जइसन खिलाड़ी आपस में भिड़ चुकल बा लोग।

इरफान पठान के चेतावनी

पूर्व भारतीय ऑलराउंडर इरफान पठान एशिया कप 2025 के सुपर-4 मैच में पाकिस्तान टीम के खुला चुनौती देले बाड़न। आपन यूट्यूब चैनल पs पठान कहलें कि भारत जीतत बा आ जीतत रही। काल्ह के मैच में मैदान पs बहुत गुस्सा आ तकरार देखे के मिलल। अभिषेक शर्मा कहलें कि पाकिस्तान के खिलाड़ी कुछ अइसन बोलल लोग जवन ना बोले के चाहीं। पठान कहले:

“उ लोग बोलत रहे, हमनी के जीत रहेम सs। हमनी के कबो कवनो बात से प्रभावित ना होखेनी सs। जदि केहू कुछ बोले, चाहे ऑस्ट्रेलियाई होखे भा पाकिस्तान, तs जवाब बल्ला से दिहल जाई।”

मीडिया आ हार पs रुख

इरफान पठान आगे कहलें कि हम कबो मीडिया पs ई ना बतावनी कि पाकिस्तान कइसे हारल, कइसे विश्व कप 2022 में जिम्बाब्वे से हारल। कवनो ट्वीट ना कइल गइल काहे कि जीत भा हार से कवनो फर्क ना पड़ेला। बस चीज के ध्यान से देखल जाला, बाकी परवाह ना।

फरहान के गन सेलिब्रेशन पs प्रतिक्रिया

एशिया कप 2025 के सुपर-4 में पाकिस्तान के ओपनर साहिबजादा फरहान अर्धशतक के बाद गन सेलिब्रेशन कइलें। पठान कहलें:

“जदि रउआ हमनी से पंगा लेम तs हमनी के छोड़ेम सs ना। ई हमनी के रूल हs। मैच में फरहान के सेलिब्रेशन होखे भा अउरी, रउआ जानतानी कि दूनो देस में का चल रहल बा। हमनी के उम्मीद रहे कि हारिस अच्छा लईका हs, बाकिर जवना तरीका से मैच में उ व्यवहार कइलसख् ओकरा के देख के बुझाता कि ई लोग कहां से आइल बा आ का करी।”

Read Also: UP Home Guard Vacancy 2025 : जल्दी आई नोटिफिकेशन, शैक्षिक योग्यता, उम्र आ फिजिकल टेस्ट में बदलाव

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-