UP Home Guard Vacancy 2025 : जल्दी आई नोटिफिकेशन, शैक्षिक योग्यता, उम्र आ फिजिकल टेस्ट में बदलाव

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2025

लखनऊ। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कुछ दिन पहिले होम गार्ड के रिक्त पद भरे खातिर भर्ती के घोषणा कइले रहलें। अब एह भर्ती के लेके नया बैठक भइल बा, जवना में शैक्षिक योग्यता, आयु सीमा आ

Share

लखनऊ। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कुछ दिन पहिले होम गार्ड के रिक्त पद भरे खातिर भर्ती के घोषणा कइले रहलें। अब एह भर्ती के लेके नया बैठक भइल बा, जवना में शैक्षिक योग्यता, आयु सीमा आ फिजिकल टेस्ट में बदलाव पs चरचा भइल। एह बदलाव के जानकारी शासन के भेजल जा चुकल बा। एह से उम्मीद बा कि जल्दिये UP Home Guard Recruitment 2025 के नोटिफिकेशन जारी होई आ आवेदन प्रक्रिया स्टार्ट हो जाई।

दू चरण में होई भर्ती

होम गार्ड के भर्ती दू चरण में होखे वाला बा। हर चरण में लगभग 22-22 हजार पद खातिर भर्ती कइल जाई। भर्ती प्रक्रिया सिपाही भर्ती जइसन होई। पहिले अभ्यर्थी के लिखित परीक्षा पास करे के पड़ी, ओकरा बाद फिजिकल टेस्ट में हिस्सा लेवे के पड़ी।

शैक्षिक योग्यता में बदलाव

पहिले आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के 10वीं पास होखल अनिवार्य रहे। अब नया नियम के अनुसार कम से कम इंटरमीडिएट (12वीं पास) होखल जरूरी बा।

उमिर सीमा में बदलाव

पहिले ऊपरी उमिर सीमा 45 साल रहे, बाकिर अब 30 साल से जादे आयु के उम्मेदवार एह भर्ती खातिर पात्र ना होखी।

फिजिकल टेस्ट के नियम

  • पुरुष उम्मीदवार: 25 मिनट में 4.8 किलोमीटर दौड़ पूरा करे के पड़ी।
  • महिला उम्मीदवार: 14 मिनट में 2.4 किलोमीटर दौड़ पूरा करे के पड़ी।

होम गार्ड के वर्तमान इस्थिति

पिछला महीना में भइल उच्चस्तरीय बैठक में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ होम गार्ड के कानून-बेवस्था, यातायात नियंत्रण आ आपदा प्रबंधन में भूमिका के सराहना कइलें। अधिकारी लोग के मोताबिक, 1,18,348 स्वीकृत पद में से खाली 71,155 होम गार्ड सक्रिय बा लोग। अगिला दस साल में लगभग 38,000 स्वयंसेवक सेवानिवृत्त हो जाई लोग। मौजूदा बल में 50 साल से जादे उमिर वर्ग के 51 प्रतिशत स्वयंसेवक कार्यरत बा लोग।

मुख्यमंत्री कहलें कि नवहन के जादे अवसर मिले के जरूरत बा। नया पंजीकरण बेवस्था शीघ्र तइयार कइल जाई।

Read Also: Bank Holiday : 23 सितंबर के कहां-कहां बैंक बंद, चेक करीं राउर शहर में कामकाज होई कि ना

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.