IRE vs IND T20 Series: वेस्टइंडीज के बाद आयरलैंड के दौरा करी टीम इंडिया, टी-20 सीरीज के सामने आइल शेड्यूल

Anurag Ranjan

IRE vs IND T20 Series Schedule: आईसीसी विश्व कप 2023 के शेड्यूल के एलान के बाद अब भारत आ आयरलैंड (India vs Ireland) के बीच तीन मैचन के टी-20 सीरीज के शेडूयल सामने आ गइल बा। भारत के अगिला महीना वेस्टइंडीज के दौरा करे के बा जहां टीम टेस्ट वनडे आ टी-20 सीरीज खेली। बीसीसीआई टेस्ट आ वनडे खातिर टीम के एलान तs कs देले बा, बाकिर टी-20 खातिर अभी टीम के एलान नइखे भइल।

वेस्टइंडीज दौरा के बाद भारतीय टीम के आयरलैंड के दौरा करे के बा। जहां टीम तीन मैचन के टी-20 सीरीज खेली। पहिला टी-20 मैच 18 अगस्त के खेलल जाई। आईं जानल जाव भारत आ आयरलैंड के टी-20 सीरीज के पूरा शेड्यूल।

दरअसल, भारत आ आयरलैंड (IRE vs IND) के बीच पिछला साल दु मैचन के टी-20 सीरीज खेलल गइल रहे, जेमे भारतीय टीम के 2-0 से जीत मिलल रहे। हार्दिक पांड्या के कप्तानी में भारत सीरीज के पहिला मैच 7 विकेट आ दूसरका मैच 4 रन से जीतले रहे। अइसन में एह साल आयरलैंड आ भारत के बीच आवे वाला टी-20 सीरीज के शेड्यूल के एलान आयरलैंड क्रिकेट कs देले बा।

भारत आ आयरलैंड के बीच तीन मैचन के टी-20 सीरीज के पहिला मैच 18 अगस्त, दूसरा मैच 20 अगस्त आ तीसरा मैच 23 अगस्त के खेलल जाई। ई सब मैच मालाहाइड में होई।

जानीं IRE vs IND के टी-20 सीरीज के शेड्यूल

  • पहिला टी-20 मैच – 18 अगस्त, मालाहाइड (3 बजे)
  • दूसरका टी-20 मैच – 20 अगस्त, मालाहाइड (3 बजे)
  • तीसरका टी-20 मैच – 23 अगस्त, मालाहाइड (3 बजे)

क्रिकेट आयरलैंड के चीफ एक्सीक्यूटिव वॉरेन ड्यूट्रोम आपन एगो बयान में कहलें,

“हमनी के 2022 में दु मैचन के टी-20 सीरीज देखले रहनी सs, बाकिर अबकी बेर तीन मैचन के टी-20 सीरीज खेलल जाई, जवना के फैंस बहुते इंजॉय करी लो। सबसे पहिले हम बीसीसीआई के एकरा खातिर दिल से धन्यवाद देत बानी। भारतीय टीम के बिजी शेड्यूल के बादो आयरलैंड के लगातार सामिल कइला खातिर आ संगही फैंस के खुस रखे खातिर जादे से जादे मैच सुक आ अतवार के रखे खातिर।”

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।