3,000 से कम में वैष्णो देवी के दर्शन, आवे-जाये-खियावे-ठहरावे के सिरदर्दी IRCTC के, घरे बइठल करीं बुकिंग

Anurag Ranjan

IRCTC Vaishno Devi Yatra Tour Package: जदि रउओ कवनो तीर्थ स्थल घूमे के प्लान बना रहल बानी तs ई खबर रउआ बहुते काम के बा। भारतीय रेल समय-समय पs यात्रियन खातिर बेहतरीन टूर पैकेज लेके आवत रहेला। IRCTC के एह टूर पैकेज में रउआ भारत के अलग-अलग मंदिरन भा धार्मिक स्थलन के दर्शन कs सकत बानी। आईआरसीटीसी अबकी बेर माता वैष्णो देवी जाये खातिर टूर पैकेज के ऐलान कइले बा। एकर खास बात ई बा कि ई रउआ कवनो आम टूर पैकेज से बहुते सस्ता पड़ रहल बा। एकरा खातिर रउआ पूरा 3000 रुपियो ना चुकावे के होई। एह पैकेज में IRCTC के तरफ से रउआ रहे-खाये के सुविधा मिली।

आईआरसीटीसी खाली 2,845 रुपिया में रउआ के बिना कवनो चिंता के वैष्णो देवी के दर्शन करा रहल बा। रउआ घरे बइठल मोबाइल भा लैपटॉप से ई पैकेज बुक कs सकत बानी। एकरा खातिर रउआ irctctourism.com पs जाके टूर पैकेज बुक करे के होई। जदि रउआ एगो रूम में अकेले रहल चाहत बानी तs रउआ एकरा खातिर 5330 रुपिया चुकावे के होई। जदि रउआ डबल शेयरिंग रूम लेत बानी तs रउआ 3240 रुपिया में पैकेज बुक कs सकत बानी। ओहिजा, ट्रिपल शेयरिंग रूम वाला पैकेज के कीमत 2845 रुपिया बा। 5 से 11 साल के लईकन खातिर प्रति बेड 1835 रुपिया चुकावे के होई।

का सुविधा रउआ के दिहल जाई

जदि रउआ IRCTC के माता वैष्णो देवी के टूर पैकज लेत बानी। राउर ट्रेन के टिकट, रुकला के बेवस्था आ खाना के इंतजाम सब आईरसीटीसी करी। रउआ के उत्तर संपर्क क्रांति ट्रेन के नॉन एसी स्लीपर क्लास के टिकट दिहल जाई। राउर सफर दिल्ली रेलवे स्टेशन से रात 8.30 बजे सुरू होई आ अगिला दिने सबेरे रउआ जम्मू के कटरा में होखेम। रउआ इहां से चढ़ाई पूरा कs के वैष्णो देवी के दर्शन करे खातिर जाएम फेर ओकरा अगले दिन सांझ के 6 बजे फेर राउर वापसी के ट्रेन होई। एह दौरान रउआ आईआरसीटीसी के गेस्ट हाउस में रुक सकत बानी। राउर नाश्ता आ रात के खाना के इंतजाम इहवें कइल जाई। रउआ के स्टेशन से गेस्ट हाउस ले जाये आ उहां से ले आवे खातिर शेयरिंग गाड़ी मिली।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।