[the_ad_group id="30365"]

महाशिवरात्री के दिन मशरक के दुमदुमा शिव मंदिर में दिन भर उमड़ल रहल भीड़, मंदिर परिसर मे दुकान सज धज के रहे तइयार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड अंतर्गत अलग-अलग शिवालयन में शिव भक्त पीतल आ कांच के बर्तन में शुद्ध जल आ गंगाजल, फूल,भांग धतूरा, अगरबती, रुपिया, अबीर गुलाल लेके शुद्ध मन भाव से जलाभिषेक करे खातिर पहुंचल लोग।

मंदिर परिसर के बाहर भीतर लाइन में लागल शिव भक्तन के निगरानी करे खातिर पुलिस प्रशासन मुस्तैद रहल। ओहिजा दुमदुमा शिव मंदिर परिसर में महिला आ पुरुष शिव भक्तन के जलाभिषेक करे खातिर बैरिकेडिंग के बेवस्था कइल गइल रहे आ मेला में श्रद्धालूअन के भारी भीड़ दिन भर उमड़त रहल। ओहिजा मेला में सब प्रकार के दुकान सज धज के तइयार रहे। मशरक प्रखंड क्षेत्र के दुमदुमा शिव मंदिर पौराणिक बतावल जा रहल बा। दुमदुमा शिव मंदिर के प्रयटन स्थल के रूप मे मानल जा रहल बा।

मवका पs मंदिर के व्यवस्थापक विजय सिंह शिक्षक, समाजसेवी उदय सिंह, दुर्गौली मुखिया प्रतिनिधि सत्येंद्र सिंह, उप मुखिया पंकज सिंह मवजुद रहे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]