Ali Khamenei Death : ईरानी सुप्रीम लीडर अली खामेनेई के मौत, अमेरिका-इस्राइल हमला के बाद ईरान में 40 दिन के मातम

Share

सेंट्रल डेस्क : ईरान के सुप्रीम लीडर अली खामेनेई के मौत के दावा ईरानी राजकीय मीडिया कइलस। रिपोर्ट के अनुसार सनिचर के अमेरिका आ इस्राइल के संयुक्त सैन्य हमला में 86 बरिस के खामेनेई के जान चल गइल। ई खबर सामने आवतही पूरा दुनिया में हलचल मच गइल बा।

अमेरिका के  राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप  सोशल मीडिया पs पोस्ट करत खामेनेई के मौत के पुष्टि कइलें आ कहलें कि ईरान खातिर अब नया दौर के सुरुआत हो सकेला। ऊ एह हमला के ईरान के परमाणु कार्यक्रम के रोके खातिर जरूरी डेग बतवलें आ कहलें कि सैन्य कार्रवाई अभी जारी रही।

ईरानी राज्य टीवी और राज्य-निर्मित समाचार एजेंसी IRNA  मौत के कारण के विस्तृत जानकारी ना देलस, बाकिर एह घटना से इस्लामिक गणराज्य के भविष्य पs बड़ सवाल खड़ा हो गइल बा। कुछ रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि हमला में खामेनेई के परिवार के कइयन गो सदस्यन के जान गइल।

अयातुल्ला खामेनेई 1989 से ईरान के सर्वोच्च नेता रहलें। ऊ अयातुल्ला रुहोल्लाह खुमैनी के निधन के बाद पद संभरले रहस। 1979 के इस्लामी क्रांति के बाद से सुप्रीम लीडर देस के सबसे ताकतवर पद मानल जाला, जवन सरकार, सेना आ न्यायपालिका पs अंतिम अधिकार रखेला।

खामेनेई के मौत के खबर के बाद ईरान में 40 दिन के शोक घोषित कइल गइल बा। कुछ जगह पs लोगन के जश्न मनावे के खबर मिलल, तs कइयन जगह तनाव आ डर के माहौल बन गइल बा। ईरान पलटवार के चेतावनी देले बा।

अमेरिका-इस्राइल आ ईरान के बीच महीना भर से बढ़त तनाव के बाद ई घटना पूरा मध्य पूर्व में अस्थिरता बढ़ा सकेला। दुनियाभर के नजर अब ईरान के अगिला डेग पs टिकल बा।

Read Also: 01 मार्च 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-