सेंट्रल डेस्क। ईरान के नया सर्वोच्च नेता अयातुल्ला मोजतबा खामेनेई गंभीर रूप से घायल बाड़ें। एगो खुफिया रिपोर्ट में दावा कइल गइल बा कि मोजतबा खामेनेई वर्तमान में कोम शहर में इलाज करवा रहल बाड़ें। रिपोर्ट के अनुसार खामेनेई अचेत अवस्था में बाड़ें आ उनकर इस्थिति गंभीर बतावल जा रहल बा। मानल जा रहल बा कि एही वजह से मोजतबा कवनो निर्णय प्रक्रिया में हिस्सा लेवे में असमर्थ बाड़ें।
‘द टाइम्स यूके’ के रिपोर्ट में कहल गइल बा है कि ई कूटनीतिक मेमो अमेरिकी आ इस्राइली खुफिया एजेंसियन के ओर से खाड़ी सहजोगियन के संगे साझा कइल गइल जानकारी पs आधारित बा। एह रिपोर्ट में पहिला बेर सर्वोच्च नेता के ठिकाना के खुलासा भइल बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि मोजतबा खामेनेई के कोम शहर में इलाज चल रहल बा आ एह वजह से ऊ शासन के कवनो निर्णय में सामिल नइखन हो पावत।
मोजतबा के सार्वजनिक अनुपस्थिति गहरवलस शक
पश्चिम एशिया में संघर्ष छिड़ला के बाद से मोतबा खामेनेई कवनो सार्वजनिक उपस्थिति दर्ज नइखन करवलें। उनका नाम से जारी कइल गइल संदेशन के प्रसारण ईरानी सरकारी मीडिया के ओर से कइल जा रहल बा। एकरा वजह से मोजतबा के गंभीर रूप से घायल होखला के खबरन के आउर बल मिलल बा।
ट्रंप देलें तबाही मचावे के चेतावनी
ई रिपोर्ट अइसन समय में आइल बा जब अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप ईरान के मंगर के आठ बजे (ईस्टर्न टाइम) तक एगो समझौता करे के अल्टीमेटम देले बाड़ें। ट्रंप चेतावनी देले बाड़ें कि एह समय सीमा के बाद कवनो पुल आ कवनो बिजली संयंत्र ना बाची।
ईरान रहे शक्तिशाली, बाकिर काट दिहल गइल माथा : ट्रंप
ट्रंप सकरलें कि संघर्ष 28 फरवरी के सुरू होखला पs ईरान बहुत शक्तिशाली इस्थिति में रहे, बाकिर अब अमेरिका ओकरा माथा काट देले बा। ऊ कहलें कि ई डेग 47 साल पहिलही उठावल जाये के चाहत रहे। ऊ कहलें, “हमरा लागत बा कि ई ठीक चल रहल बा, बाकिर हमनी के देखे के होई। रउआ ई समझे के होई, हमनी के एह लोगन के संगे 47 साल से निपट रहल बानी सs।”
Read Also: Share Bazar : सुरुआती सत्र में सेंसेक्स 800 अंक गिरल, निफ्टी 22800 से नीचे, रुपिया 17 पईसा कमजोर









