नई दिल्ली। ईरान, इजरायल के हाइफा शहर पs मिसाइल हमला कइले बा। एह हमला में दू लोगन के मौत हो गइल बा, जबकि दू लोग अभियो लापता बतावल जा रहल बा। नया हमला के बाद पूरा मध्य इजरायल में सायरन गूंज रहल बा।
हाइफा में अपार्टमेंट पs गिरल मिसाइल
अतवार के दिन ईरान इजरायल पs चार गो मिसाइल दगलस। एकरा में से एगो भारी मिसाइल हाइफा में एगो अपार्टमेंट बिल्डिंग पs गिर गइल, जवना से इमारत के आधा हिस्सा ढह गइल।
जवन हिस्सा खड़ा रहे, उहो असंतुलित हो गइल, एकरा से बचाव कार्य आउर मुश्किल हो गइल।
मलबा से दूगो शव बरामद, दूगो अभियो लापता
राहत-बचाव टीम पूरा रात काम करत रहे। सोमार के सबेरे तक चलल अभियान में मलबा से दूगो लोग के लाश निकालल गइल, जबकि दू लोग अभियो लापता बा।
इजरायली सेना बतवले बिया कि ईरान से आउर मिसाइल दागे के कोसिस भइल, जवना से मध्य इजरायल में सायरन लगातार बजत रहे।
हाइफा काहे बनत बा निशाना?
हाइफा उत्तरी इजरायल के तीसरा सबसे बड़ा शहर हs, जवन भूमध्य सागर के किनारे आ माउंट कार्मेल के ढलान पs बसल बा।
रणनीतिक महत्व के चलते एह शहर पs अक्सर हमला होला। संगही ई शहर हिज़्बुल्लाह के रॉकेट रेंज में आवेला।
लगातार अलर्ट से बढ़ल दहशत
हाइफा में राहत कार्य चलत रहे, तबे फेर से मिसाइल हमला के आशंका पs अलर्ट जारी कइल गइल, हालांकि बाद में ई अलर्ट हटा लिहल गइल।
एकरा से पहिले सोमार के सबेरे ईरान के ओर से तीन गो आउर मिसाइल देखल गइल, जवना पs इजरायल जादेतर के हवा में रोक लेलस, बाकी खाली जगह में गिर गइल।
इलाका में तनाव बरकरार
लगातार हमला आउर सायरन से पूरा इलाका में दहशत के माहौल बा। हालात अभियो तनावपूर्ण बनल बा, आउर लोगन के सतर्क रहे के सलाह दिहल जा रहल बा।
Read Also: Share Market : लाल निशान पs खुलल घरेलू बाजार, सेंसेक्स 72 अंक गिरल, निफ्टी 22700 से नीचे








