‘खामेनेई के सत्ता से उखाड़ फेंकs ना तs…’, अमेरिकी हमला के बाद ईरान के पूर्व क्राउन प्रिंस अइसन काहे कहलें?

Share

नई दिल्ली। इजरायल-ईरान संघर्ष में अमेरिका के एंट्री होखतही पूरा दुनिया में खलबली मचल बा। अमेरिका अतवार के सबेरे ईरान के तीन महत्वपूर्ण परमाणु ठिकान के तबाह कs देले बा। ओहिजा, अमेरिका के एह कार्रवाई के बाद दुनिया के इंतजार ईरान पलटवार के बा।

एही बीच ईरान के निर्वासित क्राउन प्रिंस रेजा शाह पहलवी एक बेर फेर ईरान के सुप्रीम लीडर अयातुल्ला अली खामेनेई के जिम्मेदार ठहरवले बाड़ें। उ कहलें कि ईरान में सत्ता परिवर्तन के बादे शांति स्थापित हो सकत बा।

‘ईरान के जनता के हित के ताख पs रख दिहल गइल’

रेजा शाह पहिलवी ईरान के तीन परमाणु ठिकानन पs हमला पs आपन प्रतिक्रिया देत लिखलें, ईरान के तीन परमाणु ठिकानन पs हमला इस्लामिक रिपब्लिक के परमाणु हथियारन के विनाशकारी खोज के परिणाम हs, जवना में ईरान के जनता के हित के ताक पs रख दिहल गइल। अली खामेनेई आ उनकर ढहत आतंकवादी शासन राष्ट्र के असफल कs चुकल बा।

रेजा शाह खामेनेई से अपील कइले बाड़ें कि उ आपन भूमिगत बंकर से जवाबी कार्रवाई पs विचार कइला के बजाय, ईरानी जनता के हित में इस्तीफा देस, जवना से गौरवशाली ईरानी राष्ट्र इस्लामिक रिपब्लिक के विनाशकारी दौर के पीछे छोड़के शांति, समृद्धि आ महानता के नया अध्याय सुरू कs सके।

उ इहो कहले कि ईरान में शांति बहाल करे के एकमात्र निश्चित तरीका ई बा कि एह बेवस्था (खामेनेई शासन) के अंत हो जाये।

Read Also: Gorakhpur News: नौकायन क्षेत्र में युवक के दउड़ा-दउड़ा के पिटाई, वीडियो वायरल होखला से मचल हड़कंप

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-