सेंट्रल डेस्क। अमेरिका आ ईरान के बीच बढ़त तनाव के बीच अब दू हफ्ता खातिर युद्धविराम (सीजफायर) पs सहमति बन गइल बा। एह बीच ईरान के सर्वोच्च नेता मोजतबा खामेनेई पहिलका बयान जारी कइले बाड़ें।
राज्य संचालित मीडिया इस्लामिक रिपब्लिक ऑफ ईरान ब्रॉडकास्टिंग (IRIB) पs जारी संदेश में खामेनेई देस के सब सैन्य इकाई के तुरंत फायरिंग बंद करे के आदेस देलें। ऊ साफ कहलें कि ई जंग खतम नइखे भइल, बाकिर फिलहाल सेना के फायरिंग रोकल जरूरी बा।
खामेनेई कहलें कि सब सैन्य शाखा के सर्वोच्च नेता के आदेस के पालन करे के चाहीं आ अनुशासन बनाके रखे के जरूरत बा। एह बयान से साफ संकेत मिल रहल बा कि इस्थिति अभियो संवेदनशील बा, बाकिर तत्काल संघर्ष के रोके के कोसिस कइल जा रहल बा।
ई फैसला अइसन समय में आइल बा जब दुनियाभर के नजर अमेरिका-ईरान संघर्ष पs टिकल बा आ सीजफायर से कुछ हद तक राहत के उम्मेद बढ़ गइल बा।









