Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

iQOO 13 Series में मिली पावरफुल चिपसेट, 6000 mAh बैटरी के साथ मार्केट में कर सकत बिया एंट्री

668
Google Ads 300*250 for posts

IQOO 13 सीरीज एही साल नवंबर भा दिसंबर में लॉन्च हो सकत बिया। अपकमिंग सीरीज के आईकू 12 सीरीज के सक्सेसर के तौर पर लिआवल जा रहल बा। एहिसे उम्मीद कइल जा सकऽ ता कि एमें फीचर्स के मामला में कई गो बड़ बदलाव देखे के मिली। कंपनी अपग्रेड के तौर पs फीचर्स के पहिले से काफी बेहतर करे के प्रयास करी।

स्मार्टफोन मेकर आईकू एगो नया स्मार्टफोन सीरीज पs काम कर रहल बा। लॉन्च से पहिले सीरीज के स्पेसिफिकेशन्स के लेके कई तरह के जानकारी सामने आ चुकल बा। कंपनी के ई सीरीज IQOO 13 होई। एकरा के पहिले चीन में लॉन्च कइल जाई।

ओकरा बाद एकरा के भारत आ दूसर मार्केट्स में पेश कइल जाई। एमें परफॉर्मेंस खातिर पावरफुल प्रोसेसर मिले के उम्मीद बा।

IQOO 13 सीरीज कब होई लॉन्च

IQOO 13 सीरीज एही साल नवंबर भा दिसंबर में लॉन्च हो सकत बिया। अपकमिंग सीरीज के आईकू 12 सीरीज के सक्सेसर के तौर पर लिआवल जा रहल बा। एहिसे उम्मीद कइल जा सकऽ ता कि एमें फीचर्स के मामला में कई गो बड़ बदलाव देखे के मिली। कंपनी अपग्रेड के तौर पs फीचर्स के पहिले से काफी बेहतर करे के प्रयास करी। कंपनी अपग्रेड के तौर पs फीचर्स के पहिले से काफी बेहतर करी। एह फोन के स्पेक्स के कुछ जानकारी डिजिटल चैट स्टेशन देले बा।

स्पेसिफिकेशन (संभावित)

iQOO 13 में 2800 x 1260 पिक्सल भा 1.5K रेजॉल्यूशन के साथे काम करे वाली फ्लैट OLED 8T LTPO डिस्प्ले मिले के उम्मीद बा। रिपोर्ट के मोताबिक कंपनी एह सैंपल के साथे डिस्प्ले के टेस्ट कइले बा।

फोन में कंपनी क्वालकॉम के स्नैपड्रैगन 8 जेन 4 प्रोसेसर के परफॉर्मेंस खातिर इस्तेमाल कइल जा सकत बिया। चिपसेट के 16GB रैम आ 1TB तक के स्टोरेज के साथे जोड़ल जा सकत बा।

एमें पावर देवे खातिर 120वॉट चार्जिंग के सपोर्ट करे वाली 6,000 mAh के बैटरी दीहलऽ जा सकत बा। बाकिर पिछला सीरीज में 5,000 mAh के बैटरी दिहल जाइत।

iQOO 12 में का बा अलग

डिस्प्ले: 6.78 इंच, LTPO AMOLED 144Hz, HDR10+, 1400 nits

प्रोसेसर: Snapdragon 8 Gen 3 (4 nm)

रैम/स्टोरेज: 12GB+256GB, 12GB+256GB, 16GB+ 512GB, 16GB+512GB

 

कैमरा: 50MP+64MP+50MP

बैटरी: 5,000 mAh, 120w

ओएस- फोन में अपग्रेडेबल एंड्रॉइड 14 ऑपरेटिंग सिस्टम दिहल गइल बा।

कलर- ब्लैक, रेड आ वाइट

845680cookie-checkiQOO 13 Series में मिली पावरफुल चिपसेट, 6000 mAh बैटरी के साथ मार्केट में कर सकत बिया एंट्री

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.