Netflix यूजर्स खातिर बुरा खबर! ई लोगन से छिन जाई सबसे बेसी पसंद कइल जाए वाला ई फीचर

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2024

पॉपुलर स्ट्रीमिंग सर्विस नेटफ्लिक्स अपना यूजर्स के ऑनलाइन के साथ- साथ ऑफलाइन कंटेंट वॉच करी सुविधो देवेला। यूजर कंटेंट के डाउनलोड कऽ के बिना इंटरनेट के नेटफ्लिक्स पs आपन फेवरेट मूवी वेब सीरीज भा शो

Share

पॉपुलर स्ट्रीमिंग सर्विस नेटफ्लिक्स अपना यूजर्स के ऑनलाइन के साथ- साथ ऑफलाइन कंटेंट वॉच करी सुविधो देवेला। यूजर कंटेंट के डाउनलोड कऽ के बिना इंटरनेट के नेटफ्लिक्स पs आपन फेवरेट मूवी वेब सीरीज भा शो देख सकत बाड़े। एही कड़ी में मानल जा रहल बा कि बहुत जलदिए विंडोज यूजर्स से ई सुविधा वापस लिहल जा सकऽता।

नेटफ्लिक्स विंडोज खातिर आ रहल बा बुरा खबर

मीडिया रिपोर्ट्स के मानेल जाव तऽ कंपनी अपना विंडोज ऐप में डाउनलोड ऑप्शन के डिसेबल करे के योजना पs काम कर रहल बिया। Android Authority के एगो लेटेस्ट रिपोर्ट में नेटफ्लिक्स के एह योजना के बारे में बतावल गइल बा।

रिपोर्ट के मोताबिक, नेटफ्लिक्स अपना विंडोज ऐप खातिर एगो अपडेट रोलआउट करी। एह अपडेट के साथही विंडो यूजर्स से कंटेंट डाउनलोड करे के सुविधा वापस ले लिहीं।

जदि सांचो में अइसन होत बा तऽ विंडोज पीसी आ लैपटॉप पस नेटफ्लिक्स ऑफलाइन कंटेंट वॉच करे वालन खातिर ई एगो बुरा खबर होई।

नेटफ्लिक्स विंडोज ऐप पs मिले लागल अलर्ट

एही कड़ी में नेटफ्लिक्स विंडोज ऐप के इस्तेमाल करे वाला कुछ यूजर्स एक्स हैंडल पs पोस्टो बा। यूजर्स लो जानकारी देलस कि उन्का लो के नेटफ्लिक्स विंडोज ऐप पs एगो अलर्ट मिल रहल बा।

एगो यूजर्स के ओर से डालल गइल विंडोज स्क्रीनशॉट

एह अलर्ट में साफ कहल गइल बा कि विंडोज ऐप खातिर एगो नया अपडेट जारी होखे जा रहल बा। एह अपडेट के साथे लाइव इवेंट एक्सेस करे, ऐड-सपोर्टेड प्लान कम्पैटिबिलिटी जइसन सुविधा मिली। बाकिर यूजर्स से अब कंटेंट डाउनलोड करे के सुविधा वापस लीहल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.