IPL: CSK के चार बेर खिताब जिता चुकल धोनी छोडले कप्तानी, जडेजा के मिलल कमान
धोनी के एह डेग से आईपीएल इतिहास में पहिला बेर चेन्नई के कप्तान बदले के पड़ल बा।
महेंद्र सिंह धोनी पहिला बेर आईपीएल इतिहास में चेन्नई के कप्तान ना होइहे। ऊ टीम के कप्तानी से इस्तीफा दे देले बाड़े। उनका जगे पs जडेजा के कप्तानी के जिम्मेवारी दे दिहल गइल बा। CSK अपना ट्विटर अकाउंट से एह बात के घोसना कइलस।
📑 Official Statement 📑#WhistlePodu #Yellove 💛🦁 @msdhoni @imjadeja
— Chennai Super Kings (@ChennaiIPL) March 24, 2022
जडेजा साल 2012 से चेन्नई टीम के हिस्सा बाड़े। माही के कप्तानी चेन्नई के चार बेर खिताब जीते के उपलब्धि हासिल बा। धोनी 14 साल से चेन्नई सुपर किंग्स के कप्तान रहले हs। ई पहिला मवका हs जब कप्तान CSK बदलले बा। मानल जा रहल ई साल धोनी के आईपीएल में आखिरी साल होई।
आईपीएल में धोनी के बतौर कप्तान इतिहास
- 213 मैचन में कप्तानी करत 130 मैच में जीत।
- 14 साल में खाली 6 मैच में रैना के कप्तानी में खेलल CSK।
- 220 मैच में 39.55 के औसत से 4746 रन धोनी के बैट से।
- साल 2010, 2011, 2018 आ 2021 में आईपीएल जितवले।
- साल 2010 आ 2014 में चैम्पियनस् लीग टी-20 के खिताब।
- रिकॉर्ड 9 बेर फाइनल में चेन्नई के टीम।
Comments are closed.