स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल 2026 सुरू होखे से पहिलही चेन्नई सुपर किंग्स (CSK) के बड़ झटका लागल बा। टीम के दिग्गज खिलाड़ी एमएस धोनी चोट के चलते सुरुआती मैच से बाहर हो सकेलें। टीम के ओर से बतावल गइल बा कि धोनी अभी काफ स्ट्रेन (पिंडली के चोट) से जूझत बाड़ें आ रिहैबिलिटेशन में बाड़ें।
केतना मैच मिस करिहें धोनी?
धोनी के ई चोट मांसपेशी से जुड़ल बा, जवना के ठीक होखे में समय लागेला। एह कारण ऊ आईपीएल के पहिला दू हफ्ता ना खेल पइहें। मतलब साफ बा कि ऊ सीएसके के सुरुआती 3 से 4 मैच मिस कs सकेलें।
सीएसके के सुरुआती मैच
- 30 मार्च: राजस्थान रॉयल्स (गुवाहाटी)
- 3 अप्रिल: पंजाब किंग्स (चेन्नई)
- 5 अप्रिल: आरसीबी (बेंगलुरु)
- 11 अप्रिल: दिल्ली कैपिटल्स (चेन्नई)
संभावना बा कि 14 अप्रिल के कोलकाता नाइटराइडर्स के खिलाफ मैच में धोनी वापसी कs सकत बाड़ें।
टीम खातिर काहे बड़ नुकसान?
भलही धोनी अब कप्तान नइखन, बाकिर मैदान पs उनकर अनुभव आ रणनीति टीम खातिर बहुते जरूरी होला। विकेटकीपिंग, डेथ ओवर में फिनिशिंग आ नवहा खिलाड़ियन के गाइड करे में उनकर रोल अहम बा। उनका गैरमौजूदगी में टीम पs दबाव बढ़ सकेला।
अब केकरा के मिली मवका?
धोनी के ना रहला पs सीएसके के प्लेइंग-11 में बदलाव करे के पड़ी। विकेटकीपिंग के जिम्मेदारी दूसरका खिलाड़ी के मिल सकेला। टीम में संजू सैमसन, उर्विल पटेल आ कार्तिक शर्मा जइसन विकल्प मवजूद बा लोग। अब देखे वाली बात ई बा कि टीम मैनेजमेंट केकरा पs भरोसा जतावेला आ के विकेटकीपर के भूमिका निभाई।
Read Also: Nepal Politics : पूर्व पीएम केपी शर्मा ओली गिरफ्तार, जेन-जी आंदोलन से जुड़ल आरोप








