IPL 2025: 26 मई से पहिले स्वदेस लवट जाई दक्षिण अफ्रीका के खिलाड़ी? डब्ल्यूटीसी फाइनल डाल सकत बा खलल

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका के बीच 11 जून से लॉर्ड्स में विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) के फाइनल मुकाबला खेलल जाये के बा आ एह कारण एह दुनो देसन के खिलाड़ियन के आईपीएल 2025 के शेष मैचन में खेलला पs संशय चल रहल बा। दक्षिण अफ्रीका के मुख्य कोच शुकरी कोनराड खिलाड़ियन के उपलब्धता पs बयान देले बाड़ें आ उनकर कहनाम बा कि आईपीएल में हिस्सा ले रहल राष्ट्रीय टीम के खिलाड़ी 26 मई तक स्वदेश लवट आइल।

टूर्नामेंट के आगे बढ़ला से भइल दिक्कत

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव के देखत आईपीएल 2025 के एक हफ्ता खातिर स्थगित कइल गइल रहे। बोर्ड हाले में एकर संशोधित कार्यक्रम जारी कइलस आ ओकरा अनुसार टूर्नामेंट 17 मई से सुरू होई आ एकर फाइनल तीन जून के खेलल जाई। हालांकि, टूर्नामेंट आगे बढ़ला से टीमन के अंतरराष्ट्रीय प्रतिबद्धता पूरा करे में दिक्कतऋ आ रहल बा। सबसे जादे चिंता के बात ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका के खिलाड़ियन खातिर बा।

कोच स्पष्ट कइलें रुख

कोनराड आईपीएल के सत्र बढ़ला पs कहलें, ‘आईपीएल आ बीसीसीआई के संगे सुरुआती समझौता ई रहे कि खिलाड़ी 25 मई के होखे वाला फाइनल के बाद 26 मई के वापस लवटी लो। हमनी के दृष्टिकोण से कुछो नइखे बदलल, इहे बातचीत चल रहल बा। जइसन कि अभी बा, हमनी के चाहत बानी सs कि हमनी के खिलाड़ी 26 तारीख तक वापस आ जाई।’ क्रिकेट दक्षिण अफ्रीका डब्ल्यूटीसी फाइनल खातिर टीम घोषित कs देले बा लो आ मानल जा रहल बा कि सब खिलाड़ियन के 31 मई तक इंग्लैंड पहुंचे के बा। आईपीएल में ना खेल रहल खिलाड़ी 30 मई तक पहुंचिहें, जबकि आईपीएल में खेले वाला खिलाड़ियन के फ्रेंचाइजी के संगे प्लेऑफ से पहिले छोड़े के होई।

डब्ल्यूटीसी फाइनल खातिर दक्षिण अफ्रीका टीम में सामिल कइयन गो अइसन खिलाड़ी बा लो जे आईपीएल में खेल रहल बा। एमे से सात खिलाड़ियन के टीम प्लेऑफ के दउड़ में बनल बिया, एमे कॉर्बिन बॉश आ रियान रिक्लेटन (मुंबई इंडियंस), कगिसो रबाडा (गुजरात टाइटंस), ट्रिस्टन स्टब्स (दिल्ली कैपिटल्स), एडेन मार्करम (लखनऊ सुपर जाएंट्स), मार्को यानसेन (पंजाब किंग्स), लुंगी एनगिडी (आरसीबी) आ वियान मुल्डर (सनराइजर्स हैदराबाद) सामिल बा।

खिलाड़ियन के नया सिरा से लेवे के होई एनओसी

एह खिलाड़ियन के सुरू में 25 मई तक आईपीएल में भाग लेवे खातिर अनापत्ति प्रमाण पत्र (एनओसी) दिहल गइल रहे, बाकिर टूर्नामेंट के आगे बढ़े के मतलब बा कि अब ओह लोगन के ओह तिथि से आगे जारी रखे खातिर नया सिरा से मंजूरी के आवश्यकता होई। डब्ल्यूटीसी फाइनल के महत्ता के देखत क्रिकेट दक्षिण अफ्रीका के ओर से एनओसी देवे के संभावना नइखे। आईपीएल फाइनल आ डब्ल्यूटीसी फाइनल के सुरुआत के बीच खाली आठ दिन के अंतर होखे के कारण दक्षिण अफ्रीकी प्रबंधन थकान से बचे आ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अपना बड़ मुकाबला खातिर तइयारी के समय सुनिश्चित कइला पs ध्यान केंद्रित कs रहल बा।

Read Also: CJI BR Gavai: न्यायमूर्ति भूषण रामकृष्ण गवई बनलें भारत के नया प्रधान न्यायाधीश; राष्ट्रपति मुर्मू दिलवली शपथ

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-