Virat Kohli: रोहित के बाद का कोहली टेस्ट से लिहें संन्यास? रिपोर्ट में दावा- BCCI फेर से सोचे के कहलस

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क: विराट कोहली भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) से कहलें बाड़ें कि ऊ टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लिहल चाहत बाड़ें। द इंडियन एक्सप्रेस के रिपोर्ट के माेताबिक, हालांकि बोर्ड के शीर्ष अधिकारी उनका से

Share

विराट कोहली - फोटो : ANI

स्पोर्ट्स डेस्क: विराट कोहली भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) से कहलें बाड़ें कि ऊ टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लिहल चाहत बाड़ें। द इंडियन एक्सप्रेस के रिपोर्ट के माेताबिक, हालांकि बोर्ड के शीर्ष अधिकारी उनका से फैसला पs पुनर्विचार करे खातिर कहले बा। बोर्ड के एगो अधिकारी इंडियन एक्सप्रेस के बतवलें, ‘कोहली आपन मन बना लेले बाड़ें आ बोर्ड के सूचित कs देले बाड़ें कि ऊ टेस्ट क्रिकेट के छोड़े जा रहल बाड़ें। बीसीसीआई उनका से पुनर्विचार करे के आग्रह कइले बा काहेकि इंग्लैंड के अहम दौरा जल्दिये आवे वाला बा। कोहली अभी तक एह अनुरोध पs जवाब नइखन देलें।

कोहली के ई फैसला रोहित शर्मा के कुछ दिन पहिले टेस्ट क्रिकेट से संन्यास लेला के बाद आइल बा। भारत के चयनकर्ता अगिला महीना इंग्लैंड में होखे वाला पांच टेस्ट मैचन के सीरीज खातिर चुने खातिर कुछ दिन में बैठक करे वाला बा लोग। इंडियन एक्सप्रेस के रिपोर्ट के मोताबिक, कोहली एह साल के सुरुआत में ऑस्ट्रेलिया में बॉर्डर गावस्कर ट्रॉफी के बाद से आपन टेस्ट में भविष्य पs विचार कs रहल बाड़ें। दौरा पs पहिलके टेस्ट में शतक जड़ला के बाद कोहली बाकी मैचन में बहुते खराब बल्लेबाजी कइले रहस।

कोहली पर्थ में पहिला टेस्ट के दूसरका पारी में 100 रन बनवला के बाद बाकी चार टेस्ट के सात पारियन में 90 रन बना पवलें। ऑस्ट्रेलिया दौरा पs कोहली पांच टेस्ट के नव पारियन में 23.75 के औसत से 190 रन बनवले रहस। ओकरा पहिले कोहली के न्यूजीलैंड के भारत दौरा पs प्रदर्शन खराब रहल रहे। कीवियन के खिलाफ तीन टेस्ट के छव पारियन में ऊ 15.50 के औसत से 93 रन बना सकल रहस।

जदि कोहली आपन मन नइखे बदलत तs रोहित के संन्यास के बाद भारत के एगो आउर बड़ झटका लागी। संगही भारतीय क्रिकेट में एगो अध्यायो समाप्त हो जाई। रोहित बुध के टेस्ट से संन्यास के घोषणा कइले रहस। ऊ एह प्रारूप में कीवियन आ ऑस्ट्रेलिया दौरा पs खराब प्रदर्शन के बाद फैसला लेले रहस। रोहित आ कोहली टी20 अंतरराष्ट्रीय से पहिलही संन्यास ले चुकल बा लोग। अइसन में जदि कोहली फैसला नइखन बदलत, तs दुनो खाली वनडे क्रिकेट में दिखाई दी लाे।

रिपोर्ट्स में ई बात सामने आइल रहे कि चयनकर्ता रोहित के इंग्लैंड दौरा खातिर कप्तान ना बनावल चाहत रहे लो आ उनका के बतौर बल्लेबाज भेजल चाहत रहे लोग। रोहित के संन्यास के पीछे एगो इहो वजह हो सकत बा। न्यूजीलैंड के खिलाफ घरेलू सीरीज में रोहित तीन मैचन के छव पारियन में 15.17 के औसत से 91 रन बनवल रहस। ओहिजा, ऑस्ट्रेलिया दौरा पs तीन टेस्ट के पांच पारियन में हिटमैन 6.20 के औसत से 31 रन बना पवलें।

रोहित के बाद जदि कोहली संन्यास लेत बाड़ें तs भारतीय टीम के दारोमदार नया कंधन पs आ जाई। अइसन में सारा जिम्मेदारी शीर्षक्रम में केएल राहुल, शुभमन गिल आ यशस्वी जायसवाल पs आ जाई, जबकि मध्यक्रम पूरा तरे अनुभवहीन हो जाई। खाली पंत अइसन बल्लेबाज होइहें, जिनका के SENA देसन में खेले के अनुभव होई।

Read Also: Operation Sindoor: ई ऑस्ट्रेलियाई भारतीय सेना के मुरीद; भारत-पाकिस्तान तनाव के बीच पत्र में लिखलें दिल के बात

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.