IPL 2025 Points Table: दूसरका स्थान पs पहुंचल पंजाब किंग्स, केकेआर 10वां नंबर पs खिसकल; जानीं अंक तालिका के हाल

IPL 2025 Points Table: Punjab Kings move up to second place, KKR slip to 10th

Share

स्पाेर्ट्स डेस्क : पंजाब किंग्स आईपीएल 2025 में आपन अभियान के सानदार सुरुआत कइले बिया आ ऊ लगातार दूसरका जीत से अंक तालिका में दूसरका स्थान पs पहुंच गइल बिया। पंजाब मंगर के लखनऊ सुपर जाएंट्स के हरवले रहे, जवना से ऊ चार अंक लेके तालिका में दूसरका स्थान पs आ गइल बिया। ओहिजा, गत चैंपियन कोलकाता नाइट राइडर्स (केकेआर) तीन मैचन में दु हार आ एगो जीत से सबसे नीचे 10वां स्थान पs खिसक गइल बिया।

लखनऊ के इकाना स्टेडियम में खेलल गइल एह मुकाबला में टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल मेजबान टीम 20 ओवर में सात विकेट खोके 171 रन बनवलस। जवाब में पंजाब 16.2 ओवर में दु विकेट पs 177 रन बनवलें आ मुकाबला अपना नावे कs लेलस। पंजाब चउथा बेर सत्र के सुरुआत में दुगो मुकाबला जीतले बिया। एकरा पहिले टीम 2014, 2017, 2023 में सुरुआती दुगो मुकाबला जीतले रहे।

आरसीबी शीर्ष पs बरकरार

पंजाब के अलावे रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) आ दिल्ली कैपिटल्स अइसन टीम बाड़ी सs जवन अभी ले टूर्नामेंट में अजेय बनल बिया। आरसीबी, पंजाब आ दिल्ली के एक समान अंक बा, बाकिर बेहतर नेट रन रेट के कारण आरसीबी शीर्ष पs बनल बिया, जबकि दिल्ली तीसरका स्थान पs बा। गुजरात टाइटंस के टीम दुगो मैचन में एगो जीत आ एक हार संगे चउथा स्थान पs बिया। मुंबई इंडियंस, चेन्नई सुपर किंग्स, लखनऊ सुपर जाएंट्स, सनराइजर्स हैदराबाद, राजस्थान रॉयल्स आ केकेआर तीन-तीन मैच खेल लेले बिया आ एह टीमन के एक समान दु अंक बा। दिलचस्प बात ई बा कि सब 10 टीम जीत के खोल लेले बाड़ी सs। आई़ं जानल जाव एक अप्रिल तक के मैच के बाद आईपीएल 2025 के अंक तालिका में कवन टीम कवना स्थान पs बा…

ऑरेंज कैप के दउड़ में पूरन आगे

आईपीएल 2025 में मंगर एक अप्रिल तक भइल मैचन के बाद लखनऊ सुपर जाएंट्स के बल्लेबाज निकोलस पूरन ऑरेंज कैप के दउड़ में सबसे आगे बाड़ें। पूरन तीन मैच में 219.76 के स्ट्राइक रेट से 189 रन बनवले बाड़ें। पूरन अभी ले 17 चौके आ 15 छक्का लगा चुकल बाड़ें आ उनकर सर्वोच्च निजी स्कोर 75 रन बा। दूसरका स्थान पs पंजाब किंग्स के कप्तान श्रेयस अय्यर बाड़ें, जे दु मैचन में 149 रन बनवले बाड़ें आ उनकर सर्वोच्च स्कोर नाबाद 97 रन बा।

नूर के पास पर्पल कैप

चेन्नई सुपर किंग्स के स्पिनर नूर अहमद पर्पल कैप के दउड़ में फिलहाल सबसे आगे बाड़ें। नूर सानदार गेंदबाजी कs रहल बाड़ें आ अभी ले तीन मैचन में नव विकेट अपना नावे कs चुकल बा। दूसरका स्थान पs दिल्ली कैपिटल्स के तेज गेंदबाज मिचेल स्टार्क बा जे दु मैचन में आठ विकेट लेले बाड़ें। स्टार्क सनराइजर्स हैदराबाद के खिलाफ मैच में पांच विकेट लेले रहस। जवना के मदद से ऊ एह सूची में दूसरका नंबर पs आ गइल बाड़ें।

Read Also: छपरा-पटना के बीच नया स्पेशल ट्रेन के संचालन सुरू: 30 जून 2025 तक​​​​​​​ थावे-पटना रूट पs लगाई 91 फेरा, 14 स्टेशनन पs रुकी

TAGS:, , ,

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-