IPL 2025 के फाइनल के बाद भइल पईसा के बरखा, इs खिलाड़ी भइल मालामाल, देखीं पूरा लिस्ट

Share

रॉयल चैलेंजर्स बंगलौर पहिला बेर आईपीएल के ट्रॉफी जीत लिहलस आ 18 साल के इंतजार खतम हो गइल. आरसीबी आईपीएल 2025 के फाइनल में पंजाब किंग्स के हरा के खिताब जीत लिहलस.अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल गइल रोमांचक फाइनल मैच में आरसीबी पंजाब किंग्स के 6 रन से हरा के नया चैंपियन बने के गौरव हासिल कइलस. खिताबी मुकाबला में पहिला बल्लेबाजी करत आरसीबी अपना टॉप ऑर्डर के शानदार प्रदर्शन के बदौलत 20 ओवर में 9 विकेट पs 190 रन बनवलस. विराट कोहली समेत बाकी बल्लेबाज महत्वपूर्ण पल में उपयोगी पारी खेलले अवुरी टीम के सम्मानजनक स्कोर में ले गईले।

आरसीबी के गेंदबाज शानदार प्रदर्शन कइले

निशाना के पीछा करे खातिर निकलल पंजाब किंग्स के टीम भी मैच में बनल रहल, लेकिन आरसीबी के गेंदबाज अंतिम ओवर में दबाव बना के शानदार वापसी कईले। नतीजा ई भइल कि पंजाब टीम 20 ओवर में 7 विकेट के नुकसान पर महज 184 रन बना पवलसि आ बेंगलुरु 6 रन से ई ऐतिहासिक जीत दर्ज कर लिहलसि. 18 साल के मेहनत, कई उतार-चढ़ाव अवुरी बार-बार खिताब से चूकला के बाद आखिरकार कोहली आईपीएल के ट्रॉफी जीत लेले। चैंपियन बन के आरसीबी ना खाली चमकत ट्रॉफी पs कब्जा कs लिहलस बलुक विजेता टीम कs रूप में बीस करोड़ रुपिया के जेब में डाल लिहलसि. साथही उपविजेता पंजाब किंग्स टीम के 12.5 करोड़ रुपिया के पुरस्कार राशि मिलल. एकरा अलावे ऑरेंज कैप, पर्पल कैप अवुरी इमर्जिंग प्लेयर ऑफ द सीजन जईसन बहुत अवार्ड दिहल गईल। अवार्ड जीते वाला तमाम खिलाड़ियन के बारे में जानल जाव…

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

TAGS:,

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-