स्पोर्ट्स डेस्क : आईपीएल 2025 में सनराइजर्स हैदराबाद लखनऊ सुपर जाएंट्स के छव विकेट से हरा देलस आ ओकरा के प्लेऑफ के दउड़ से बाहर कs देलस। एह तरे ऋषभ पंत के नेतृत्व वाली टीम प्लेऑफ के दउड़ से बाहर होखे वाला पांचवां टीम बन गइल। मैच के दौरान सनराइजर्स के अभिषेक के लखनऊ के गेंदबाज दिग्वेश राठी से बहस हो गइल रहे। मैच के बाद ऊ एकरा पs बयान देले बाड़ें। अभिषेक कहलें कि हम आ राठी मैच के बाद बातचीत कइनी सs। अब सबकुछ ठीक बा। अभिषेक के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल। ऊ लखनऊ के खिलाफ 20 गेना में 59 रन के पारी खेलके सनराइजर्स हैदराबाद के आसान जीत दिलावे में अहम जोगदान देलें।
अभिषेक शर्मा कहलें कि ऊ लक्ष्य के पीछा करत घरी पावरप्ले के अच्छा इस्तेमाल कइल चाहत रहस। एह पारी से सनराइजर्स जीत खातिर मिलल 206 रन के लक्ष्य के 10 गेना शेष रहत चार विकेट गंवा कs जीत लेलस। अभिषेक पुरस्कार समारोह में कहलें, ‘जदि हम पहिले बल्लेबाजी करती तs हमार योजना कुछ आउर होइत। जब रउआ 200 से जादे रन के पीछा करत रहेनी तs हमनी के जादे मेहनत करे के पड़त बा।’
ऊ कहलें, ‘अथर्व आ हमरा बीच बातचीत भइल कि हमनी के सुरुआती ओवर में संभर के खेलला के बाद आक्रामक रुख अपनावल जाई। रउआ जदि कवनो अंतरराष्ट्रीय खिलाड़ी से पूछेम, तs ऊ कही कि लक्ष्य के पीछा करत घरी रउआ पावरप्ले के अपना पक्ष में करे के चाहीं।’ अपना पारी में छव छक्का आ चार चौका लगावे वाला एह वामहस्त बल्लेबाज कहलें, ‘हम समझत बानी कि जदि हम अच्छा प्रदर्शन करेम तs टीम अच्छा प्रदर्शन करी। एगो अंतरराष्ट्रीय खिलाड़ी के तौर पs रउआ जिम्मेदारी लेवे के होला।’
सोमार के खेलल गइल मुकाबला में टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल लखनऊ 20 ओवर में सात विकेट खोके 205 रन बनवलें। जवाब में हैदराबाद 18.2 ओवर में चार विकेट गंवाके 206 रन बनवलें आ मुकाबला अपना नाम कs लेलें। उनका खातिर अभिषेक शर्मा सबसे जादे 59 रन बनवलें। ओहिजा, लखनऊ खातिर दिग्वेश राठी दु विकेट लेलें जबकि विलियम ओरुर्के आ शार्दुल ठाकुर के एक-एक सफलता मिलल।
Read Also: Share Market : घरेलू शेयर बाजार में हरियाली, बढ़त के संगे खुलल सेंसेक्स आ निफ्टी