आईपीएल 2022 प्लेऑफ : प्लेऑफ मैच में बरखा हो जाए त कईसे होई विजेता के फैसला

Share

आईपीएल प्लेऑफ मैचन खातिर गवर्निंग काउंसिल नया नियम ले के आइल बिया. क्वालीफायर-1, एलिमिनेटर आ क्वालीफायर-2 में अगर बरखा का चलते मैच रुक गइल आ मैच नियमित समय पर पूरा ना हो पाई त सुपर ओवर होखी. एकरा संगे-संगे फाइनल मैच खाती रिजर्व डे भी रखल गईल बा। अगर बरखा चाहे कवनो दोसरा कारण से फाइनल मैच पूरा ना भइल त अगिला दिने मैच खेलल जाई.

अगर क्वालीफायर-1, एलिमिनेटर आ क्वालीफायर-2 में ओवर ना भइल त अंक तालिका का आधार पर विजेता के फैसला कइल जाई. अंक तालिका में अग्रणी टीम के विजेता घोषित कइल जाई. एह तीनों मैचन खातिर कवनो रिजर्व डे नइखे. अंतिम मैच 29 मई के होखे वाला बा. एह से 30 मई के रिजर्व डे के रूप में रखल गइल बा। खिताबी मैच रात आठ बजे से खेलल जाई.

आईपीएल के प्लेऑफ मैच कोलकाता आ अहमदाबाद में खेलल जाई. 24 मई के कोलकाता में क्वालीफायर-1 आ 25 मई के एलिमिनेटर मैच खेलल जाई. ओहिजा बरखा के संभावना बा. अयीसना में कवनो मैच ना होखे के स्थिति में क्वालीफायर 1 में गुजरात टाइटन्स अवुरी एलिमिनेटर में लखनऊ सुपर जायंट के फायदा हो सकता।

24 मई के होखे वाला पहिला क्वालीफायर में राजस्थान रॉयल्स के मुकाबला गुजरात टाइटन्स से होखी. एकरा संगे-संगे 25 मई के होखेवाला एलिमिनेटर में लखनऊ सुपर जायंट्स अवुरी रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर के टीम आमने-सामने होई। अंक तालिका में गुजरात पहिला आ राजस्थान दुसरका जगहा पर बा. एकरा संगे-संगे लखनऊ तीन नंबर प अवरू आरसीबी चार नंबर प बा। दुसरका क्वालीफायर (27 मई) आ फाइनल (29 मई) अहमदाबाद में होखे वाला बा.

आईपीएल के मुताबिक, ‘प्लेऑफ मैच में जरुरत पड़ला प कवनो मैच में ओवर के संख्या कम से कम पांच ओवर तक कम कईल जा सकता। अगर एह पाँच ओवर में खेल पूरा ना भइल त सुपर ओवर होखी. उहाँ भी अगर रिजल्ट ना मिलल त जवन टीम अंक तालिका में बेहतर जगह प होई ओकरा के विजेता घोषित कईल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-