IPL 2022: एह सीजन एक नाइ, दू DRS के इस्तेमाल क पइहें सब टीम

Share

आईपीएल 2022 (IPL 2022) खातिर भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) कुछ अहम बदलाव कइले बा। अब टीम एगो नाइ दू गो डीआरएस के इस्तेमाल क पाई। संगही कोविड केस मिलले पs अब टीम के सीधे खामियाजा नाइ भुगते के पड़ी बलुक आईपीएल टेक्निकल कमेटी एह पs अंतिम फैसला लेई कि मैच के आगे बढ़ावल जाई कि नाइ।

बीसीसीआई सोमवार 14 मार्च के जानकारी देहलस कि, अगर कौनो टीम में कोरोना के मामला सामने आवता अउर उनके लग्गे 12 (अंतिम-11 और एक सब्सटिट्यूट) से कम खिलाड़ी होतने । अइसन स्थिति में बीसीसीआई मैच के आगे बढ़वले के कोशिश करी। अगर अइसन नाइ हो पाई त अंतिम फैसला आईपीएल टेक्निकल कमेटी के होई। बल्कि पहिले अइसन होत रहल कि, अगर मैच आगे नाइ बढ़ पावत रहे त 2 पॉइंट्स विपक्षी टीम के मिल जात रहल।

 

साभार – जनसत्ता

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-