भारत कइलस श्रीलंका के ढ़ेर, दुसरका टेस्ट में 238 रन से बड़हन जीत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 14, 2022

भारत आ श्रीलंका के बीचे खेलल जा रहल दु मैचन के सीरीज के दुसरका टेस्ट में भारत श्रीलंका के 238 रन से हरा के 2-0 से सीरीज जीत लेले बा। आज मैच के तिसरका दिने

Share

भारत आ श्रीलंका के बीचे खेलल जा रहल दु मैचन के सीरीज के दुसरका टेस्ट में भारत श्रीलंका के 238 रन से हरा के 2-0 से सीरीज जीत लेले बा। आज मैच के तिसरका दिने भारत कावर से अश्विन आ बूमराह के जलवा देखे के मिलल।

 

बेंगलुरु में खेलल जा रहल दूसरका टेस्ट मैच में भारत श्रीलंका के 447 रन के लक्ष्य देले रहे, जवना के जबाब में मेहमान टीम 208 रन बना ऑल आउट हो गइल। भारत के एह जीत में अश्विन के सबसे बेसी 4 आ जसप्रीत बूमराह के 3 मिलल। दु विकेट अक्षर पटेल आ 1 विकेट रवींद्र जडेजा के नावे गइल।

साभार-बीसीसीआई

लक्ष्य के पीछा करत श्रीलंका के कप्तान दीमूथ करुणारत्ने के शतक(107) तs आइल बाक़िर हार के जीत में बदल ना सकल। टीम के 7 खेलाडी लो दु अंक के स्कोर ना कs सकल लो। दुनु पारी में अर्धशतक बनावे आला श्रेयस अय्यर के ‘मैन ऑफ द मैच’ आ ऋषभ पंत के ‘प्लेयर ऑफ द सीरीज’ के पुरस्कार मिलल।

भारत के लगातार 15 वां सीरीज जीत

घर पs खेलत भारत के ई लगातार 15 वां टेस्ट सीरीज जीत हs। भारत पिछिला बेर 2012 में इंग्लैंड से सीरीज हारल रहे। ओ बेरा धोनी के कप्तानी में अइसन भइल रहे।

श्रीलंका से घर में कबो ना हारल भारत

टेस्ट मैचन में भारत कबो श्रीलंका से आज ले घर में नइखे आ हारल आ एह सीरीज में जीत के बाद ओकरा भारत के भारत में आके हरावे ला आउर इंतेजार करे के पड़ी।

रोहित शर्मा के फूल टाइम कप्तानी में लगातार 14 वां जीत

रोहित शर्मा तीनों फ़ारमैट के कप्तान बनला के बाद से अब ले अजेय बाड़े। अब ले भइल 14 मैचन में उनका हाथे जीत लागल बा। कहल जा रहल बा की उनकर असली इम्तेहान विदेसी धरती पs होई।

साभार-बीसीसीआई

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.