iPhone 16e पs मिल रहल बा तगड़ा डिस्काउंट, Amazon-Flipkart ना… इहां बा सानदार डील

Apple iPhone 16e smartphone with discount offer available at Croma in India

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। जदि रउआ बिना जादा पइसा खर्च कइले नया iPhone किने के सोचत बानी, तs ई समय बढ़िया हो सकेला। क्रोमा iPhone 16e पs भारी छूट दे रहल बा, जवना से ग्राहकन के हजारन रुपिया के बचत हो रहल बा। ई ऑफर खासतौर पs ऊ लोगन खातिर बढ़िया बा, जे पुरान iPhone इस्तेमाल करत बा फेर पहिला बेर Apple फोन पs स्विच करे के सोच रहल बा। ध्यान राखीं, अइसन डील जादे दिन तक ना चले, एकरा से अगर मन बा तs देर मत करीं।

Apple iPhone 16e के दाम में गिरावट

भारत में Apple iPhone 16e के लॉन्चिंग कीमत 59,900 रुपिया रहे। बाकिर क्रोमा के ऑफिशियल वेबसाइट पs ई फोन अब 52,390 रुपिया में मिल रहल बा। मतलब साफ बा कि सीधे 7,510 रुपिया के डिस्काउंट मिल रहल बा। एही के संगे जदि रउआ Axis Bank भा ICICI Bank के क्रेडिट कार्ड से पेमेंट करीं, तs 4,000 रुपिया तक के अतिरिक्त छूट मिल सकेला। हालांकि, बैंक ऑफर लागू होखे खातिर नियम-शर्त जरूर देख लीं।

Apple iPhone 16e के फीचर्स आ स्पेसिफिकेशन

Apple iPhone 16e में 6.1 इंच के OLED डिस्प्ले दिहल बा, जवन 60Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट करे ला। फोटोग्राफी खातिर फोन में 48MP के मेन कैमरा बा, जेमे 2x ऑप्टिकल जूम मिलेला। सेल्फी आ वीडियो कॉल खातिर आगे 12MP के फ्रंट कैमरा दिहल गइल बा।

ई फोन Apple के दमदार A18 चिपसेट से लैस बा, जवन बेहतर परफॉर्मेंस देला। एकरा में कइयन गो AI-पावर्ड फीचर मिलेला, जइसे इमेज क्लीनअप, इमेज प्लेग्राउंड, ChatGPT इंटीग्रेशन आ राइटिंग टूल्स।

Apple iPhone 16e में मजबूत एल्युमिनियम बॉडी दिहल गइल बा आ ई Face ID सपोर्ट करे ला। एकरा अलावे फोन में USB-C पोर्ट आ धूरा-पानी से बचाव खातिर IP68 सर्टिफिकेशनो मिलेला। कुल मिला के, डिस्काउंट के संगे ई iPhone 16e एगो बढ़िया डील साबित हो सकेला।

Read Also: T20 World Cup : ऑस्ट्रेलिया के विश्व कप से पहिले लागल बड़ झटका, कमिंस बाहर भइलें, कंगारू टीम कइलस दुगो बदलाव

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-