Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

iOS 18: नया ऑपरेटिंग सिस्टम के संगे आईफोन के मिल सकत बा ई AI फीचर्स, देखीं पूरा लिस्ट

554

एपल हाले में iPad Pro आ iPad Air के लॉन्च कइले  बा। एह दुनो आईपैड के लॉन्चिंग के संगही एपल iOS 18 के लॉन्चिंग के संकेत दिहल गइल बा। iOS 18 के अगिला महीना होखे वाला WWDC 2024 डेवलपर्स कॉन्फ्रेंस में लॉन्च कइल जाई।

कहल जा रहल बा कि iOS के लॉन्चिंग के बाद से पहिला बेर अइसन होई जब iOS 18 में सबसे बेहतर फीचर्स मिली। सबकर निगाह iOS 18 में आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) पs बा।

फिलहाल एंड्रॉयड फोन में जेनरेटिव एआई एक्सपेरियंस मिल रहल बा, बाकिर ई क्लाउड पs आधारित बा। एपल के लेके खबर बा कि ऊ एह डिवाइस पs एआई के सपोर्ट दी। आईं एक नजर डालल जाव ओह फीचर्स पs जवन iOS 18 के संगे मिल सकत बा।

इन-हाउस AI

ब्लूमबर्ग के एगो रिपोर्ट के मोताबिक एपल iOS 18 के संगे इन-हाउस एआई के सपोर्ट दे सकता बा जवन कि एपल के खुद के क्लाउड इंफ्रास्ट्रक्चर पs आधारित होई। रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि एपल खुद चैटजीपीटी भा गूगल जेमिनी के तरे एआई चैटटूल तइयार नइखे कs रहल, बलुक कवनो थर्ड पार्टी टूल खातिर प्लान कs रहल बा। बता दीं कि हाले में एगो रिपोर्ट आइल रहे, जेमे कहल गइल गइल रहे कि एपल ओपनएआई के संगे साझेदारी कइले बा।

सब एप्स के संगे मिली एआई के सपोर्ट

अब तक सामने आइल रिपोर्ट के मोताबिक iOS 18 के संगे मिले वाला एआई के सपोर्ट Siri, Photos, Apple Music, Note जइसन तमाम एप्स के संगे काम करी। Notes एप के संगे कइयन सारा एआई फीचर्स मिली। जवना के बाद नोट एप्स में लिखल, सेव कइल आ एडिट कइल आसान होई। उम्मीद कइल जा रहल बा कि एपल iOS 18 के संगे लार्ज लैंग्वेज मॉडल के सपोर्ट दी।

एही तरे फोटोज एप के संगे एआई के सपोर्ट मिली, जवना के बाद कवनो फोटो के बैकग्राउंड के आसानी से हटावल जा सकी। एकरा अलावे बैकग्राउंड एड कइल जा सकी। एआई सपोर्ट के बाद Siri पहिले के मुकाबले स्मार्ट हो जाई, हालांकि, एह बात के पूरा संभावना बा कि एपल एह एआई फीचर्स के खाली iPhone Pro सीरीज के साथे दी।

825020cookie-checkiOS 18: नया ऑपरेटिंग सिस्टम के संगे आईफोन के मिल सकत बा ई AI फीचर्स, देखीं पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.