इंटरनेशनल ड्रग सिंडिकेट के पर्दाफाश, दु हजार करोड़ कीमत के कोकीन बरामद

Share

दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच एगो अंतर्राष्ट्रीय ड्रग सिंडिकेशन के भंडाफोड़ कऽ दिहले बिया। पुलिस चार लोग के गिरफ्तार कऽ लिहलस आ ओ लोग से 560 किलो से जादे कोकीन जब्त कऽ लेलस।

पुलिस के मुताबिक अंतरराष्ट्रीय बाजार में कोकीन के दाम 2000 करोड़ रुपया से जादे बा।  दिल्ली पुलिस स्पेशल सेल फिलहाल नार्को-टेरर एंगल के जांच करतिया।

दावा कइल जाता कि राजधानी दिल्ली में अब तक के इ सबसे बड़ खेप हऽ। फिलहाल गिरफ्तार चारो तस्करन से पूछताछ हो रहल बा। मानल जाता कि पूछताछ के दौरान आरोपी बड़ राज के खुलासा कऽ सकतारे।

560 किलो से बेसी कोकीन जब्त

पुलिस अधिकारी बतवले कि दिल्ली पुलिस शहर में अब तक के सबसे बड़ ड्रग बस्ट में से एगो के करीब 2,000 करोड़ रुपया के 560 किलो से जादा कोकीन जब्त कइले बिया।

जब्त कोकीन: फोटो

चार आरोपी गिरफ्तार

दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल टीम दक्षिण दिल्ली के मेहरौली से चार लोग के पकड़ के 565 किलो से अधिका वजन के खेप जब्त कऽ लिहलस। अधिकारी बतवले कि गिरफ्तार लोग दिल्ली अउरी राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र में कोकीन बेचे के योजना बनवले रहले। उ कहले कि स्पेशल सेल के टीम एगो सूचना के आधार पs दु महीना से जादे समय से काम करतिया, जवना के चलते त्योहार के मौसम से ठीक पहिले भंडाफोर हो गइल। पुलिस के कहनाम बा कि चारो लोग से पूछताछ कइल जाता आ जांच जारी बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-