IND W vs PAK W : भारत के महिला टीम के पाकिस्तान के ऊपर 88 रन से सानदार जीत, बरकरार रहल अजेय सिलसिला

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला टीम विश्व कप में आपन अजेय अभियान जारी रखले बिया। महिला वर्ल्ड कप के मुकाबला में भारत पाकिस्तान (IND W vs PAK W) के 88 रन से हरावत आपन लगातार 12वां जीत दर्ज कइलस। हरमनप्रीत कौर के कप्तानी में खेलल गइल ई मैच कोलंबो के आर प्रेमदासा स्टेडियम में भइल।

भारत पहिले बल्लेबाजी करत 50 ओवर में 247 रन बनवलस, जवाब में पाकिस्तान के पूरा टीम 43 ओवर में 159 रन पs सिमट गइल। भारत खातिर क्रांति गौड़ आ दीप्ति शर्मा तीन-तीन विकेट चटकावल लोग, जबकि स्नेह राणा के दू विकेट मिलल।

पाकिस्तान के पारी- सुरुआत में लागल झटका, आखिर में भइल ढेर

लक्ष्य के पीछा करत पाकिस्तान के सुरुआत बहुत खराब रहल। ओपनर मुनीबा अली (2) दीप्ति शर्मा के डायरेक्ट हिट से रन आउट हो गइली। ओकरा बाद क्रांति गौड़ (3/20) लगातार दू विकेट लेके पाकिस्तान के संकट में डाल देली। सदफ शमास (6) कैच आउट भइली आ आलिया रियाज (2) बोल्ड।

जब पाकिस्तान के स्कोर 26/3 रहल, तब सिदरा अमीन (81) टीम के संभरली। उनका संगे नतालिया परवेज (33) के साझेदारी से स्कोर कुछ समय खातिर इस्थिर भइल। दुनु मिलके 69 रन जोड़ल लोग, बाकिर साझेदारी टूटतही भारत के स्पिनरन के पकड़ मजबूत हो गइल।

दीप्ति शर्मा आ स्नेह राणा मिलके मिडिल ऑर्डर के तहस-नहस कs दिहल लोग। सिदरा अमीन 106 गेना पs 81 रन बनवली, बाकिर उनकर आउट होखतही पाकिस्तान के उम्मीद खत्म हो गइल। आखिर में पूरा टीम 43वां ओवर में 159 रन पs ढेर हो गइल।

भारत के पारी- मजबूत सुरुआत से लेके ताबड़तोड़ फिनिश तक

भारत के ओपनर प्रतिका रावल (31) तेज सुरुआत देली, डायना बेग के एके ओवर में तीन चौका जड़ देली। बाकिर स्मृति मंधाना (23) पावरप्ले में आउट हो गइली। उनका बाद रावल जल्दिये आउट हो गइली। एह इस्थिति में हरलीन देओल (46) पारी के संभरली। ऊ पहिले हरमनप्रीत कौर (19) के संगे 39 रन जोड़लें, फेर जेमिमा रॉड्रिग्स (32) के संगे 45 रन के साझेदारी कइली।

हरलीन देओल अर्धशतक से ठीक पहले आउट हो गइली, जबकि जेमिमा नो-बॉल पs जीवनदान पवला के बादो 32 रन बनाके आउट भइली। एकरा बाद दीप्ति शर्मा (25) आ स्नेह राणा (20) मिलके 42 रन के अहम साझेदारी कइली। आखिर में ऋचा घोष (35 रन, 20 गेना) के तूफानी पारी से भारत के स्कोर 247 तक पहुंचल।

ऋचा घोष तीन चौका आ दू छक्का लगवली, जवना में एगो बढ़िया स्वीप शॉट रहल। पाकिस्तान खातिर डायना बेग 4 विकेट, फातिमा सना आ सादिया इकबाल दू-दू विकेट, जबकि रमीन शमीम आ नाशरा संधू एक-एक विकेट चटकावल लोग।

भारत के लगातार 12वीं जीत

एह जीत के संगे भारत महिला वनडे में पाकिस्तान के खिलाफ आपन रिकॉर्ड 12-0 कs लिहल। टीम इंडिया के हर डिपार्टमेंट- बल्लेबाजी, गेंदबाजी आ फील्डिंग- में जबरदस्त प्रदर्शन कइलस।

Read Also: 06 अक्टूबर 2025 के राशिफल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-