गोरखपुर आए वाले समय में इंडस्ट्रियल हब बनले के दिशा में तेजी से आगे बढ़ रहल बा। गीडा के वर्तमान औद्योगिक क्षेत्र में तेजी से बिछ रहल उद्योग के संजाल के सथही औद्योगिक विकास के गतिविधि बढ़ावे खातिर गोरखपुर लिंक एक्सप्रेसवे के समीप इंडस्ट्रियल कॉरिडोर अउरी धुरियापार इंडस्ट्रियल टाउनशिप भी आकार लेवे वाला बा। एहमें सबसे महत्वाकांक्षी प्रोजेक्ट धुरियापार इंडस्ट्रियल टाउनशिप के ह।
गीडा के मुख्य कार्यपालक अधिकारी पवन अग्रवाल के मुताबिक, एह टाउनशिप के धुरियापार क्षेत्र के 18 गाँव में अधिसूचित 8385 एकड़ भूमि के दायरा में बसावल जाई। एकरे खातिर मेसर्स आरईपीएल के ओर से तैयार कइल जा रहल मास्टर प्लान अंतिम चरण में बा। फाइनल मास्टर प्लान के पूर्व प्री ड्राफ्ट के प्रेजेंटेशन मुख्यमंत्री के समक्ष हो चुकल बा।
फाइनल मास्टर प्लान में कुल क्षेत्रफल में 37.07 प्रतिशत क्षेत्र औद्योगिक, 20.05 प्रतिशत आवासीय, 13.39 प्रतिशत पीएसपी, 5.81 प्रतिशत व्यावसायिक, 14.50 प्रतिशत हरित-खुला क्षेत्र अउरी 9.18 प्रतिशत सड़क अउरी अन्य सुविधा खातिर प्रस्तावित कइल जा रहल बा। एह ड्राफ्ट के संबंधित विभाग के पास भेज के सुझाव आमंत्रित कइल जाई अउर सुझावन के समाहित कs के मास्टर प्लान के अंतिम रूप दिहल जाई।