Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर वासियन खातिर खुशखबरी: इहां एगो आउर फ्लाईओवर के मिलल सौगात, जाम से मिली निजात

ब्रिज कारपोरेशन के परियोजना प्रबंधक एके सिंह कहले कि सौ करोड़ से बेसी के प्रोजेक्ट होखे तs ओकरा के कैबिनेट में पास करावल जाला। एकरा से कम एस्टीमेट वाला प्रस्ताव प्रमुख सचिव के लगे भेजल जाला। खजांची चौराह वाला ओवरब्रिज के फाइल प्रमुख सचिव के लगे पहुंच गइल बा। उहां से ज्लदिये स्वीकृति मिल जाई। ओकरा बाद निर्माण के प्रक्रिया शुरू हो जाई।

2,129

गोरखपुर महानगर के एगो आउर ओवरब्रिज के सौगात मिल गइल बा। एसे जाम के समस्या से निजात मिलला के उम्मीद बा। एह फ्लाईओवर के निर्माण जेल बाईपास फोरलेन (बरगदवां से कौवाबाग) पs खजांची चौराहा पs कइल जाई। एकरा निर्माण में 96.91 लाख के लागत आई। व्यय वित्त समिति के बैठक में एकरा प्रस्ताव पs मोहर लाग गइल बा। कुछ औपचारिकता पूरा कइला के बाद पुल के निर्माण के प्रक्रिया जल्दिये शुरू हो सकत बा।

आवागमन के बेहतर बनावे खातिर जनपद में हर तरफ फोरलेन के जाल बिछावल जा रहल बहुत। बहुत सारा सड़कन के काम पूरा हो गइल। कुछ अंतिम दौर में बा। महानगर के जाम से निजात दिलावे खातिर हर तरफ फोरलेन के निर्माण हो रहल बा। जेल बाईपास के निर्माण आधा से बेसी हो चुकल बा।

एह बाईपास के खजांची चौक पs मेडिकल कॉलेज-असुरन चौक फोरलेन काटेला। दूनूये फोरलेनन पs वाहनन के अत्यधिक दबाव होखला के कारण खजांची चौक पs जाम के समस्या बनल रहेला। एकरा से  छुटकारा दिलावे खातिर जनप्रतिनिधियन से लेके आम लोगन तक मुख्यमंत्री से सिफारिश कइल। उनका निरदेस पs ब्रिज कारपोरेशन खजांची चौराह पs फ्लाइओवर के एस्टीमेट बनाके शासन के भेजले रहे।

शासन से स्वीकृति के संगही एह पs व्यय वित्त समिति के मोहरो लाग गइल बा। कुछ मामूली औपचारिकता बाकी रह गइल बा। जवना के पूरा कs के फ्लाईओवर निर्माण के प्रक्रिया जल्दिये  शुरू हो गइला के उम्मीद बा।

नेपाल से बिहार तक जाये वाला वाहनन के बा दबाव

बरगदवां से कौवाबाग फोरलेन से नेपाल तक के वाहन शहर में घुसेला। एतनही ना नेपाल से लवट के बिहार जाये वाला वाहनो एही रास्ता से निकलेला। एकरा अलावे कुशीनगर, देवरिया जाये वाला वाहनो एही सड़क से होके गुजरेला। एकरा चलते एह सड़क पs ट्रैफिक के लोड अधिका बा। एसे आए दिन लोगन के जाम के समस्या से जूझे के पड़त बा। एकरे के देखत खजांची चौराहा पs ओवरब्रिज के मांग बहुत दिनन से कइल जात रहे।

ब्रिज कारपोरेशन के परियोजना प्रबंधक एके सिंह कहले कि सौ करोड़ से बेसी के प्रोजेक्ट होखे तs ओकरा के कैबिनेट में पास करावल जाला। एकरा से कम एस्टीमेट वाला प्रस्ताव प्रमुख सचिव के लगे भेजल जाला। खजांची चौराह वाला ओवरब्रिज के फाइल प्रमुख सचिव के लगे पहुंच गइल बा। उहां से ज्लदिये स्वीकृति मिल जाई। ओकरा बाद निर्माण के प्रक्रिया शुरू हो जाई।

339050cookie-checkगोरखपुर वासियन खातिर खुशखबरी: इहां एगो आउर फ्लाईओवर के मिलल सौगात, जाम से मिली निजात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.